विज्ञापन

भीषण सड़क हादसा : देवरिया से कुशीनगर तिलक चढ़ा के लौटत बोलेरो अउरी बस में भिड़ंत, 6 लोगन के मौत।

भीषण सड़क हादसा : देवरिया से कुशीनगर तिलक चढ़ा के लौटत बोलेरो अउरी बस में भिड़ंत, 6 लोगन के मौत।


देवरिया के गौरीबाजार क्षेत्र में सोमार के देर रात भइल भीषण हादसा में छव लोगन के मौत हो गईल जबकि कई लोग के गंभीर रूप से घायल होखेके ख़बर बा। हादसा प्राइवेट बस अउरी बोलेरो के आमने-सामने टक्कर से भइल। बस गोरखपुर से यात्रिन के लेके आवत रहल, जबकि बोलेरो में कुशीनगर से तिलक लेके आईल लोग बइठल रहल।  आनन-फानन में घायलन के सीएचसी गौरीबाजार पहुंचावल गईल जहवाँ से प्राथमिक उपचार के बाद सभ के देवरिया जिला अस्पताल रेफर कईल गईल। मृतकन में पांच बोलेरो सवार अउरी एगो बस यात्री शामिल बाड़े।

कुशीनगर जिला के कसया थाना क्षेत्र के कोहड़ा गांव के रविंद्र तिवारी के बेटी के तिलक रुद्रपुर के रैश्री गांव में इंद्रदेव दूबे के घर आईल रहल। सोमार के रात तिलक समारोह के बाद बोलेरो से सभ कुशीनगर लौटत रहले। रुद्रपुर-गौरीबाजार मार्ग पर इंदूपुर काली मंदिर के सामने गोरखपुर के तरफ से तेज गति से आ रहल प्राइवेट बस से बोलेरो के आमने-सामने भिड़ंत हो गईल। टक्कर में बोलेरो के परखच्चा उड़ गईल। टक्कर के बाद बस भी पलट गईल।

घटना से दुःखी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी भी गहरा शोक व्यक्त करत अधिकारिन के समुचित उपचार करवावे के निर्देश दिहनी।

Post a Comment

0 Comments