विज्ञापन

कुशीनगर में बड़ा सड़क हादसा - मजदूरन से भरल बस ट्रक से टकरा गइल, दुर्घटना में 4 लोग के मौत, 29 से अधिक घायल।


कुशीनगर में बड़ा सड़क हादसा - मजदूरन से भरल बस ट्रक से टकरा गइल, दुर्घटना में 4 लोग के मौत, 29 से अधिक घायल।

  जिला में रात के करीब दू बजे एगो बड़हन सड़क हादसा भइल जवना में मजदूरन से भरल बस एगो ट्रक से टकरा गइल। दुर्घटना में बस के परखच्चा उड़ गईल।  जबकि चार मजदूर के मौका प मौत हो गईल अवुरी 29 से जादे घाही हो गईले।  जवना में बहुत मजदूर के हालत गंभीर बतावल जाता।

 काल्हु देर रात भइल सड़क हादसा में चार गो मजदूरन के मौत हो गइल। जबकि 29 से अधिका लोग घायल हो गइल बा। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल।  उहाँ गंभीर हालत देख के उनुका के जिला अस्पताल रेफर क दिहल गईल।

 जानकारी के मुताबिक सोमवार के रात कुशीनगर जिला के हाटा नगरपालिका क्षेत्र के एनएच 28 प स्थित बाघनाथ चौराहा के नजदीक बिहार से पंजाब जात बस बालू से भरल ट्रक से टकरा गईल।  ए दुर्घटना में बस में सवार चार मजदूर के मौत हो गईल।  29 से अधिका लोग घायल हो गइल।

 सभे घाही के हाटा सीएचसी ले जाइल गइल। डॉक्टर गंभीर रूप से घायल मजदूर के जिला अस्पताल रेफर क देले।

 बतावल जाता कि ए दुर्घटना के शिकार लोग बिहार राज्य के मधेपुरा जिला के रहेवाला हवे।  जे लोग आपन रोजी रोटी चलावे खातिर पंजाब जात रहे।

एह घटना पर उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कुशीनगर जिला में सड़क दुर्घटना में चार लोग के मौत प गहरा दुख जतवले बाड़े। उ मृतक लोगन के शोक संतप्त परिवार के प्रति संवेदना जतवले। मुख्यमंत्री ए दुर्घटना में घायल लोग के सही इलाज करावे के निर्देश देले बाड़े।


Post a Comment

0 Comments