विज्ञापन

कुशीनगर : चेकिंग के दौरान अज्ञात वाहन हेड कांस्टेबल के रौदलस, भईल मौत।


कुशीनगर : चेकिंग के दौरान अज्ञात वाहन हेड कांस्टेबल के रौदलस, भईल मौत।


जांच के दौरान जिला के थाना तरयासुजान में तैनात हेड कांस्टेबल के एगो अनजान गाड़ी रौंद दिहलस, जवना में हेड कांस्टेबल गंभीर रूप से घाही हो गईल, ओकरा बाद उनकरा के जल्दी से इलाज खाती जिला अस्पताल ले आवल गईल, जहां डॉक्टर उनकरा के मृत घोषित क देले। ओहिजे हेड कांस्टेबल के रौंदला के बाद अज्ञात चालक गाड़ी लेके फरार हो गईल। घटना के सूचना प शीर्ष अधिकारी मौका प पहुंच के घटना के बारे में पूछताछ कईले। पुलिस ए मामला में अनजान गाड़ी के खिलाफ मामला दर्ज क के जांच शुरू क देले बिया।

जानकारी के मुताबिक संतकबीरनगर जिला में रहेवाला 2005 के बेंच से पुलिस सेवा में योगदान देत आईल स्व० राम मनोज यादव के बेटा धर्मबीर यादव के कुशीनगर जिला के तरयासुजान थाना में तैनाती रहल। जिला में अपराध आ अपराधियन का खिलाफ चलावल जा रहल अभियान में काल्हु रात पुलिस टीम बनावल गइल, धरमबीर ओह टीम में भी सदस्य रहलें, जवन तुर्कपट्टी थाना क्षेत्र के जोकवा में गाड़ीन के जांच करत रहले। मंगलवार/बुधवार के रात के जांच के दौरान उनकरा एगो संदिग्ध गाड़ी देखाई देलस। एकरा प पुलिसकर्मी संदिग्ध गाड़ी के रुके के संकेत देले, ओकरा बाद चालक गाड़ी के रफ्तार बढ़ा देलस, जवना के चपेट में दीवान धरमबीर आ गईले अवुरी गंभीर रूप से घाही हो गईले। जेकरा के इलाज खाती जिला अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां डॉक्टर लोग उनकरा के मरल घोषित कई दिहले।

Post a Comment

0 Comments