उपचुनाव परिणाम 2022 : यूपी के आजमगढ़ अउरी रामपुर उपचुनाव में खिलल कमल, आजमगढ़ से निरहुआ त रामपुर से घनश्याम लोधी विजई।
जीत के बाद निरहू जी केपहिलका प्रतिक्रिया सुनी एहीजा👇
उत्तर प्रदेश लोकसभा उपचुनाव में रामपुर अउर आजमगढ़ के नतीजा आ चुकल बा। जवान में रामपुर से घनश्याम लोधी जी त आजमगढ़ लोकसभा उपचुनाव में दिनेश लाल यादव निरहुआ 8679 वोट से जीत दर्ज कइले। भाजपा के निरहुआ के 312768, सपा के धर्मेंद्र यादव के 304089 अउरी बसपा के गुड्डू जमाली के 266210 वोट मिलल। 2019 में दूनों सीट पे जीत दर्ज करे वाली सपा रामपुर अउरी आजमगढ़ दुनों सीट पे हार गईल। हार के सबसे बड़ वजह अखिलेश यादव के ओवर कॉन्फिडेंस के बतावल जाता।
अखिलेश यादव दुनों सीट पे जीत से एतना आश्वस्त रहले कि उ चुनाव प्रचार में उतल तक जरूरी ना समझले। अउरी दूसरी तरफ निरहुआ हारला के बावजूद इलाका में आपन जनाधार बनावे में लगे रहले।
हालांकि आज सुबह आठ बजे जब वोट के गिनती के शुरूआत में दुनों सीटों पे सपा आगे चलत रहे।आजमगढ़ में वोट के गिनती के दौरान नोकझोंक भी देखे के मिलल जब पुलिस सपा प्रत्याशी धर्मेंद्र यादव के स्ट्रॉंग रूम में जाए से रोक दिहलस। आजमगढ़ सीट पे धर्मेंद्र यादव त रामपुर सीट पे आसिम राजा बढ़त बनवले रहले । लेकिन बाद में जैसे जैसे वोट के गिनती बढ़ल वैसै- वैसे सपा प्रत्याशी दुनों सीट पे पिछड़ते चल गइले अउरी रामपुर में धनश्याम लोधी त आजमगढ़ में निरहुआ ने बढ़त बनावल शुरू कई दीहले।
0 Comments