विज्ञापन

गोरखपुर, गाजीपुर, प्रयागराज, अयोध्या गोंडा सहित कईगो जिलन के एसपी बदल गइले, देखी पूरा लिस्ट।

Gorakhpur SSP 

गोरखपुर, गाजीपुर, प्रयागराज, अयोध्या गोंडा सहित कईगो जिलन के एसपी बदल गइले, देखी पूरा लिस्ट।


आजु उत्तर प्रदेश के कई गो जिला के पुलिस अधीक्षक लोगन के तबादला भईल, जवना जिलन के एसपी बदलल बा लोग ओह में मुजफ्फरनगर, सहारनपुर, मथुरा, गोरखपुर, गोंडा, अयोध्या और प्रयागराज के पुलिस कप्तान के साथ-साथ गाजीपुर, बिजनौर, मिर्जापुर, कासगंज अउर अमेठी में भी नया पुलिस कप्तान के तैनाती कइल गईल बा। एहमें शैलेश कुमार पांडे के अयोध्या से प्रयागराज, अजय कुमार के प्रयागराज से सीबीसीआईडी लखनऊ, रोहन बोत्रे के कासगंज से गाजीपुर, प्रशांत वर्मा के कन्नौज से अयोध्या, सहारनपुर के एसएससी आकाश तोमर को गोंडा के एसपी बनावल गइल। गाज़ीपुर के एसपी राम बदन सिंह के नोएडा कमिश्नरेट में तैनाती दी गईल। राजेश कुमार श्रीवास्तव कन्नौज के नया एसपी होंइहे गोरखपुर के एसएसपी विपिन टाडा सहारनपुर के नया एसपी होईहे, मथुरा के एसपी गौरव ग्रोवर गोरखपुर के एसएसपी बनले। मुजफ्फरनगर के एसएसपी अभिषेक यादव के मथुरा के एसपी बनावल गइल। अमरोहा के एसएसपी विनीत जायसवाल के मुजफ्फरनगर के एसपी त अमेठी के एसपी दिनेश सिंगर बिजनौर के एसपी होंईहे। ईलाभारण जी के अमेठी के एसपी त संतोष कुमार मिश्रा गोंडा से मिर्जापुर एसपी के रूप में स्थानांतरित कइल गइले। बी बी जी टी एस मूर्ति के कानपुर पुलिस कमिश्नर से कासगंज के एसपी ओहिज़े आदित्य लंगघे वाराणसी कमिश्नरेट से अमरोहा के एसपी बनावल गइले। 

मिर्जापुर के एसपी अजय कुमार सिंह वाराणसी में पीएसी के सेक्टर डीआईजी बनले। बिजनौर के एसपी धर्मवीर को पीएसी स्थानांतरित कइल गइल। कानपुर पुलिस कमिश्नरेट में तैनात एसपी संजीव त्यागी के अयोध्या में इंटेलिजेंस के एसपी त डॉ भीमराव अंबेडकर पुलिस अकैडमी मुरादाबाद में तैनात एसपी विजय धूल के कानपुर कमिश्नर में डीसीपी के पद पर तैनाती दीहल गईल त ओहिजे सीबीसीआईडी में एसपी राहुल राज के लखनऊ पुलिस कमिश्नरेट में डीसीपी बनावल गइल।



Post a Comment

0 Comments