विज्ञापन

परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह के पैतृक गांव पहुंच मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी उहां के पिता जी के दिहनी श्रद्धांजली।

परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह के पैतृक गांव पहुंच मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी उहां के पिता जी के दिहनी श्रद्धांजली।

 बिहार राज्य के छोटका राजपुर (बक्सर) में स्थित उत्तर प्रदेश सरकार के परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह के पैतृक आवास पे बुध के पहुचनी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी उनकर पिता स्व० विध्यांचल सिंह के निधन पे शोक संवेदना व्यक्त कर श्रद्धांजलि दिहनी। 

बलिया नगर सीट से विधायक दयाशंकर सिंह उत्तर प्रदेश सरकार में परिवहन मंत्री बानी। मूल रूप से बिहार राज्य के बक्सर जिला अंतर्गत छोटका राजपुर गांव निवासी दयाशंकर सिंह के पिता विंध्याचल सिंह के निधन विगत दिनो हो गईल रहे।  बुध के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी उहां के गांव पहुंच मंत्री दयाशंकर सिंह के पिता विंध्याचल सिंह के श्रद्धांजलि दीहनी। मुख्यमंत्री  विंध्याचल सिंह के चित्र पे पुष्पांजलि अर्पित कइनी। अपरान्ह लगभग ढाई बजे बिहार राज्य के छोटका राजपुर पहुंचनी मुख्यमंत्री जी परिवहन मंत्री अउरी यूपी भाजपा उपाध्यक्ष दयाशंकर सिंह अउरी उनकर परिजन से मिलक के बात भी कइनी अउरी सांत्वना भी दिहनी।

Post a Comment

0 Comments