विज्ञापन

कुशीनगर के भगवन्त यादव कांग्रेस पिछड़ा वर्ग विभाग के प्रदेश कोऑर्डिनेटर नियुक्त।

कुशीनगर के भगवन्त यादव कांग्रेस पिछड़ा वर्ग विभाग के प्रदेश कोऑर्डिनेटर नियुक्त।


कांग्रेस कार्यालय दिल्ली में भगवन्त यादव के नियुक्ति पत्र देके कांग्रेस पिछड़ा वर्ग विभाग के राष्ट्रीय चेयरमैन कैप्टन अजय सिह यादव पद भार सौपले।


सामाजिक कार्यकर्ता व यदुवंशी कल्याण ट्रस्ट के राष्ट्रीय मिडिया प्रभारी भगवन्त यादव को कांग्रेस पार्टी  उत्तर प्रदेश पिछड़ा वर्ग विभाग के प्रदेश कोऑर्डिनेटर नियुक्त कइल गइल। जवन कुशीनगर जनपद के निवासी बाड़े। इनकर नियुक्ति अखिल भारतीय कांग्रेस कार्यालय दिल्ली मे पार्टी के राष्ट्रीय पिछड़ा वर्ग विभाग के राष्ट्रीय चेयरमैन अउरी पूर्व मंत्री कैप्टन अजय सिंह यादव नियुक्ती पत्र सौप के अहम जिम्मेदारी दिहले। भगवन्त यादव   समाजसेवा अउरी पत्रकारिता लेखन में पिछला लंबा समय से सक्रिय बाड़े अउरी लम्बा समय तक गरीब दलित पिछड़ा अउरी बंचितन के हक हकूप के आवाज ख़ातिर संघर्ष करत आइल बाड़े।


नवनियुक्त  प्रदेश कोआर्डिनेटर भगवन्त यादव जी कहनी कि पार्टी द्वारा दीहल गईल जिम्मेदारी पर पूरा तरह से खरा उतरब। उहाँ का एह दायित्व ख़ातिर सोनिया गांधी, राहुल गांधी, प्रियंका गांधी, ओबीसी विभाग के राष्ट्रीय चेयरमैन कैप्टन अजय सिंह यादव जी, पिछड़ा वर्ग के प्रदेश अध्यक्ष मनोज यादव जी, राष्ट्रीय प्रवक्ता डा अरूणेश यादव जी, डा सुबाष यादव जी के आभार जतावनी।

Post a Comment

0 Comments