विज्ञापन

T20 World Cup 2022 : रोमांच के पराकाष्ठा पर पहुंच के भारत के जीत, पाकिस्तान के 4 विकेट से हरवलस।

T20 World Cup 2022 : रोमांच के पराकाष्ठा पर पहुंच के भारत के जीत, पाकिस्तान के 4 विकेट से हरवलस।

लेख - योगेंद्र कुमार मिश्रा

रोमांच के पराकाष्ठा पर पहुंच के भारत के जीत। अविश्वसनीय। जवन जतना बड़ प्रशंसक ओकरा ओतना ही हार जाए के डर अउरी शायद इहे डर कायम रहल आखिरी गेंद तक। बात ओहिजे से शुरू करत बानी जहां से मैच शुरू भईल रहे। टॉस हारके बाबर आजम के कहल रहे कि हमनी का इंग्लैंड के साथ घरेलू जमीन पर प्रेक्टिस कइनी जा अउरी न्यूजीलैंड के जमीन पर ट्राई सीरीज भी खेलनी जा कहीं ना कहीं एह बात के ओर इशारा रहल कि उनकर तैयारी भारतीय टीम के मुकाबला कहीं ज्यादा बा। 160-170 के टारगेट सेट करे ख़ातिर सोचके उत्तरल पाक टीम कवनों तरह से 160 रनों के लक्ष्य देबे में सफल रहल। अतना कम स्कोर पर रोके में भारतीय गेंदबाज विशेषकई अर्शदीप सिंह अउरी हार्दिक पांड्या के गेंदबाजी जिम्मेदार रहल।  हालांकि मेलबर्न मैदान के बाउंड्री बड़ होखला के वजह से गेंदबाजन खातीर ईहां अतिरिक्त फायदा रहल फिर भी अर्शदीप जवना तरह के गेंदबाजी कइले ओहसे निश्चित ही भारतीय प्रशंसक बहुत प्रसन्न होंइहें। आंकड़न के हिसाब से त एगो अक्षर पटेल के छोड़के बाकी सब भी अच्छा गेंदबाजी कइले लेकिन ई सब तब देखे में अउरी अच्छा लागी जब छोट बाउंड्री वाला मैदान पर भी अइसन गेंदबाजी होखे। खैर आज बात भारतीय बल्लेबाजी के जवन भारतीय लोगन के दीपावाली के खुशी के दोगुना कर दिहलस। लक्ष्य के पीछा करे उतरल भारतीय टीम के दुनों ओपनर्स के बॉडी लैंग्वेज से ही पता चलत रहल कि दुनों बहुत ज्यादा दबाव में बाड़े। शाहीन अफरीदी के लेके बनावल गईल हाईप एह दुनों के बेड़ा गर्क कइलस। हालांकि बाद में कोहली और पांड्या के बैटिंग देखके लागल कि अगर ई दुनों ओपनर तनी आत्मविश्वास से बल्लेबाजी करतन लोग त भारत की नैया आसानी से पार लाग जाइत। कोहली त अभी ही अतना बड़ मुकाम बना लिहले कि उनकर नाम सर्वकालिक महान क्रिकेटरन में लिहल जाई। मौका की नजाकत के देखते पहीले आपन निगाह जमाईले अउरी फिर खेल के अपना मनमाफिक चलावले। हालांकि बाउंड्री बड़ होखला के वजह से ओतना आक्रामक ना हो पावले जतना अन्य पिचन पर संभव होइत। इहे वजह रहल कि कोहली अउरी पांड्या के पिच पर रहला के बावजूद जीत आसान ना दिखाई देत रहल। पिछला लगभग ढाई साल के बुरा दौर देखला के बाद कोहली अपना पुरनका फॉर्म के तरफ वापस आ चुकले अउरी ई विरोधीन खातिर कतई अच्छा संकेत नइखे। काहेकि ई खिलाड़ी अगर एक बार जम गइल त 20 ओवर तक के बैटिंग में एकरा के आउट कई पावल मुश्किल बा। चेज करते समय त बहुत हद तक नामुमकिन। आईपीएल 2022 से हार्दिक पांड्या भी उनही के राह पर चल पड़ल बाड़े। आजकल इहो भी 20 ओवर तक बैटिंग करेके  काबिलियत रखत बाड़े उ भी एगो बेहतरीन फिनिशर के रूप में। आज छक्का उड़ावे के शुरुआत भी हार्दिक पांड्या ही कइले। फेर कोहली ओकरा के आगे बढ़ावले अउरी आज अपना खातिर एगो नया फैंस जोन क्रिएट कई लिहले। कोहली के ई पारी हमेशा महान परीन में गिनल जाई। आज मैदान में भईल पाकिस्तान के टीम के खिलाफ के घटना के छोड़ दिही काहेकि भारतीय टीम पहीले कई बार अइसन दुर्भग्यशाली घटना के शिकार हो चुकल बिया। कवनो भी नो बॉल चाहे वाइड बॉल के कारण कोहली के पारी के अहमियत कम ना हो सकेला। पिछला विश्व कप में भारतीय टीम हारल रहे त रिजवान बहुत हंस-हंसकर कोहली से मिलत रहले। भारतीय खिलाड़िन के एह दरियादिली के ई बेवकूफ कमजोरी समझत रहले स। आज हंसकर मिला। बहुत बड़ दिल चाहीं एकरा ख़ातिर जवन नइखे तोहरा पास। 

23 अक्टूबर के मैच से एगो बात साफ बा कोहली अउरी हार्दिक पांड्या के छोड़ दीही थोड़ा आराम के साथ मैच में सूत्रधार के भूमिका निभावे ख़ातिर बाकी सब करत रहसु लोग आक्रामक बैटिंग अउरी हां चेस वालन मैच में भारतीय ओपनर चलसु चाहे मत चलसु लेकिन पहीले बैटिंग वाला मैच में ई ओपनर जरूर चलिहे। अउरी सूर्यकुमार यादव के बल्ला हर मैच में खामोश नइखे रह सकत। त विरोधी सतर्क हो जा लोग काहेकि अब भारतीय टीम के रोकल तनि मुश्किल बा।


23 अक्टूबर के मैच के स्कोर (ICC मेंस T20 वर्ल्ड कप 2022)

पाकिस्तान - 159/8

भारत - 160/6

परिणाम - भारत 4 विकेट से मैच के विजयी

प्लेयर ऑफ द मैच - विराट कोहली ( नॉट अउरी 82 रन 53 बॉल पर)

मैच के स्थान - मेलबर्न क्रिकेट ग्राउंड, मेलबर्न

Post a Comment

0 Comments