विज्ञापन

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी के माई हीराबा के 99 साल के उम्र में निधन।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी के माई हीराबा के 99 साल के उम्र में निधन।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के माई हीराबा मोदी जी आजु सुबह 6 बजे के करीब निधन हो गइल। उहाँ का 99 साल के रहनी। हीराबा अहमदाबाद के यूएन मेहता इंस्टीट्यूट ऑफ कार्डियोलॉजी एंड रिसर्च सेंटर में अंतिम सांस लीहनी। बीतल मंगलवार देर रात सांस लेबे में तकलीफ होखला के बाद उहाँ का अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे।

 उहाँ का कफ के शिकायत भी रहल। PM मोदी ट्वीट कई हीराबा के निधन के जानकारी दीहनी। आजु सुबह सुबह 6 बजकर 2 मिनट पर उहाँ का लिखनी- शानदार शताब्दी के ईश्वर चरण में विराम। माई में हम हमेशा ओह त्रिमूर्ति के अनुभूति कईनी, जवना में एगो तपस्वी के यात्रा, निष्काम कर्मयोगी के प्रतीक अउरी मूल्यन के प्रति प्रतिबद्ध जीवन समाहित रहल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुधवार के बीमार हीराबा के देखे अहमदाबाद पहुंचल रहनी। उहाँ करीब एक घंटे 20 मिनट अस्पताल में रहल रहनी। एह दौरान उहाँ का डॉक्टर लोगन से बातचीत कईके माई के तबीयत अउरी इलाज के बारे में जानकारी लिहले रहनी। अस्पताल में उनकरा साथ गुजरात के मुख्यमंत्री भूपेंद्र पटेल अउरी राज्य के कुछ अन्य मंत्री भी मौजूद रहले।


अंतिम यात्रा के सफर पर निकलल पीएम मोदी के माई हीराबेन के पार्थिव शरीर।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी गांधीनगर पहुंचके अपना दिवंगत माई हीराबेन मोदी के पार्थिव शरीर के कंधा दिहनी। उनकर माई हीराबा के आज सुबह 99 साल के उम्र में निधन हो गइल।



Post a Comment

0 Comments