विज्ञापन

कुशीनगर के लाल कर रहल बाड़े कमाल, किसान प्रशिक्षण यात्रा के आयोजन में किसान लोग भइल प्रशिक्षित।

कुशीनगर के लाल कर रहल बाड़े कमाल, किसान प्रशिक्षण यात्रा के आयोजन में किसान लोग भइल प्रशिक्षित। 

सर्वे भवन्तु सुखिनः के भावना से संचालित संस्था, उच्च पदाधिकारिन के  उत्कृष्ट  मार्गदर्शन, रउवा विचारन से कदम ताल करत रउवा सहयोगी सदस्य के दल अउर रउवा क्रियाकलापन पर पूर्ण विश्वास अउरी समर्थन से युक्त हितग्राहियन  के समूह रउवा साथ होखे त राउर कार्य अपने आप में आनंदित करे वाला हो जाला। अइसने कुछ अनुभव रहल पिछलका  दिनन में किसान प्रशिक्षण यात्रा के दौरान पुणे भ्रमण के। जहां  कृषक बंधु लोग आदरणीय मयंक गांधी जी के द्वारा संचालित संस्था 'ग्लोबल विकास ट्रस्ट' के माध्यम से राइज एंड शाइन बायोटेक प्राइवेट लिमिटेड कंपनी में केला के टिशु कल्चर प्लांट के तैयार होखला के पूरा विधि के जानकारी के साथ-साथ केला के उन्नत बागवानी से संबंधित प्रशिक्षण केला उद्यानिकी विशेषज्ञ लोगन से प्राप्त कइले। एकरा अलावा नर्सरी द्वारा तैयार कइल जा रहल अन्य कई सारा पौधन अउरी उनकन खेत अउरी ओहसे होखे वाला लाभ के बारे में भी जानकारी प्राप्त कइले लोग। साथ ही किसान लोग पुणे में आयोजित भव्य किसान मेला के भी भ्रमण कइल अउरी आपन खेती हेतु आवश्यक जानकारी लीहले अउरी उपकरण भी खरीदले। एह किसान प्रशिक्षण यात्रा में जिला बड़वानी प्रशासन भी आपन रुचि दिखावलस अउरी प्रस्थान के समय प्रशासन के पदाधिकारीन द्वारा किसान लोगन के उत्साह बढ़ावल गईल। हालांकि बस से एक तरफ से लगभग 600 किलोमीटर के यात्रा ज्यादा सुखद ना होला लेकिन कृषक बंधु के आपसी तालमेल, सीखे के ललक अउरी संस्था के कर्मचारीन के सहयोग से यात्रा में थकान कोसन दूर रहल। किसान लोगन द्वारा हर प्रशिक्षण सेशन के बाद ज्ञापित धन्यवाद संस्था के सदस्यन के ऊर्जा के कारक रहल। संस्था के द्वारा बतावल गईल कि संस्था अइसही किसानन के हितार्थ प्रयत्नशील रही। जय जवान जय किसान।

रउवा के बता दिहल चहतानी की एह प्रशिक्षण अउरी अन्य कार्यक्रम के माध्यम से उत्तर प्रदेश के कुशीनगर जिला के सुकरौली ब्लॉक के रहे वाला योगेंद्र मिश्रा जी कर रहल बाड़े किसान लोगन के मदद।




Post a Comment

0 Comments