विज्ञापन

बलिया : स्कूल बस अउरी ई-रिक्शा में टक्कर में ई-रिक्शा चालक के मौत, तीन अन्य घायल।


बलिया : स्कूल बस अउरी ई-रिक्शा में टक्कर में ई-रिक्शा चालक के मौत, तीन अन्य घायल।

जिला में शुक के सुबह स्कूल बस ई-रिक्शा में टक्कर मार दीहलस। हादसा में ई-रिक्शा चालक के मौत हो गईल। जबकि तीन लोग घायल हो गइले। दुर्घटना में  ई-रिक्शा के परखच्चा उड़ गईल। प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार बस के रफ्तार काफी तेज रहे। तेज रफ्तार के कारण इ हादसा भइल। पुलिस स्कूल बस के कब्जा में ले लिहलस। 

सुखपुरा थाना क्षेत्र के शिवपुर-बसंतपुर बलिया मार्ग पे शुक के सुबह करीब नौ बजे एगो ई-रिक्शा सवारियन के इंतजार में खड़ा रहे। चालक सीट पे बैठल रहे। तब ही सामने से आ रहल बच्चा से भरल स्कूल बस  ई-रिक्शा में टक्कर मार दीहलस। टक्कर के बाद मौका पे चीखपुकार मच गईल। उहा तेज आवाज सुन आसपास के लोग पहुंच गइले। ई-रिक्शा में बैठल सवारी अउरी चालक के बाहर निकालल गइल।  

टक्कर के बाद चालक बस छोड़ के भाग गईल। एम्बुलेंस से घायल ई-रिक्शा चालक नारायनपुर निवासी सुनील राजभर (35), अउरी सवारी मिथुन चौहान, संजय अउरी उपेन्द्र के जिला अस्पताल ले जाइल गईल। अस्पताल में उपचार के दौरान चालक के मौत हो गईल।

इ हादसा के सूचना के बाद मौका पे पहुंचल पुलिस  बस के कब्जा में लिहलस। ओ मे सवार 15 बच्चा के दूसरा वाहन से स्कूल भेजले। चालक के मौत से परिवार में कोहराम मच गईल। परिजन के रो-रोकर बुरा हाल हो गईल।

Post a Comment

0 Comments