विज्ञापन

बलिया : जनता के आशीर्वाद मिली त नगर पालिका के मॉर्डन नगर पालिका बना देब - संस्कृति सिंह, भावी अध्यक्ष प्रत्याशी नगरपालिका परिषद बलिया।

बलिया : जनता के आशीर्वाद मिली त नगर पालिका के मॉर्डन नगर पालिका बना देब - संस्कृति सिंह, भावी अध्यक्ष प्रत्याशी नगरपालिका परिषद बलिया।

रिपोर्ट - विवेक जायसवाल

हिमाचल, गुजरात, मैनपुरी में उप चुनाव के बाद अब सबके निगाह नगर निकाय चुनाव पर अटकल बा। सभी दल के चेयरमैन पद के प्रत्याशी अपना तैयारी में जुटल बाड़े, अइसना में बलिया नगर पालिका अध्यक्ष पद ख़ातिर महिला प्रत्याशी के रूप में उतरल कर्मठ, शिक्षित, निष्ठावान  समाजसेवी संस्क़ृति सिंह जवन एगो वरिष्ठ शिक्षका बाड़ी, जवन महिला सीट होते ही नगर पालिका में बेहतर सुन्दर अउरी स्वच्छ नगर पालिका बनावे ख़ातिर चुनावी मैदान में उतर पड़ल बाड़ी, इहाँ का कहनी कि नगर पालिका क्षेत्र के जनता के जवन बेहतर सुविधा मिलल चाहि ओहसे ईहाँ के जनता वंचित रह गईल, 5 साल में खाली 10% ही  विकास भईल। जईसे जर्जर नाली, जर्जर सड़क जइसन समस्या वर्षन से चलल आ रहल बा। महिला प्रत्याशी संस्क़ृति सिंह जी कहनी की हम जनता ल आशीर्वाद लिहल चाहत बानी अगर मौका मिलल त नगर पालिका के मॉर्डन नगर पालिका बना देब, जवना के चर्चा बलिया जनपद सहित अन्य जिलन के नगर पालिका में होई।

बाइट- संस्कृति सिंह भावी अध्यक्ष प्रत्याशी नगरपालिका, बलिया।👇




Post a Comment

0 Comments