विज्ञापन

बलिया : JNCU के छठवां स्थापना दिवस पर चल रहल कार्यक्रम में स्व बलराम सिंह स्मारक महाविद्यालय आकर्षक स्टॉल विश्वविद्यालय परिसर में लगावल गईल।

बलिया : JNCU के छठवां स्थापना दिवस पर चल रहल कार्यक्रम में स्व बलराम सिंह स्मारक महाविद्यालय आकर्षक स्टॉल विश्वविद्यालय परिसर में लगावल गईल।

  जननायक चंद्रशेखर विश्वविद्यालय बलिया के छठवां स्थापना दिवस पे चल रहल तीन दिवसीय कार्यक्रम के पहिला दिने स्व बलराम सिंह स्मारक  महाविद्यालय दिघारगढ़ बलिया (पशुपति संकुल) के आकर्षक स्टॉल विश्वविद्यालय परिसर में लगावल गईल।एह में क्षेत्रके  अंतर्गत आवे वाला ऐतिहासिक, सांस्कृतिक , धार्मिक   अउरी स्वतंत्रता आंदोलन  संबंधी विरासत के प्रदर्शनी लगावल गईल । साथे ही विजन अउरी मिशन के भी प्रस्तुत कइल गईल। दूसरा दिने राष्ट्रीय सेवा योजना इकाई, स्व.बलराम सिंह स्मारक  महाविद्यालय , बलिया के स्वंयसेवी छात्र छात्रा द्वारा दिघारगढ में स्थित श्री 1008 स्वामी रघुनाथ बाबा जी के समाधि स्थल पे पहुंच के साफ सफाई कइल गईल। निष्प्रयोज्य कूड़ा करकट के एकत्र कई के निस्तारित कइल गईल। वापस महाविद्यालय में प्रांगण में राम कृष्ण मंदिर में साफ सफाई कई के पूजा कइल गईल । एकरा बाद प्रतिष्ठित महाविद्यालय के संस्थापक बलराम सिंह  के प्रतिमा पे माल्यार्पण कइल गईल। एह अवसर पे महाविद्यालय के  डॉ अमित कुमार श्रीवास्तव, आकाश सिंह, वरूण यादव अरविन्द सिंह, राहुल तिवारी शम्मिम अहमद अउरी छात्र लोग उपस्थित रहले।

Post a Comment

0 Comments