विज्ञापन

बलिया : स्वर्गीय बलराम सिंह स्मारक महाविद्यालय में बलराम सिंह जी के जयंती पर गरीब अउरी असहाय लोगन के कम्बल वितरण कइल गईल।

बलिया : स्वर्गीय बलराम सिंह स्मारक महाविद्यालय में बलराम सिंह जी के जयंती पर गरीब अउरी असहाय लोगन के कम्बल वितरण कइल गईल।

बैरिया बलिया आजू स्वर्गीय बलराम सिंह स्मारक महाविद्यालय  दिघारगढ़ बलिया में श्रद्धेय बलराम सिंह जी के जयंती समारोह के आयोजन कइल गईल। जवना में गरीब अउरी असहाय लोगन  के खातिर कम्बल वितरण कइल गईल।

  कार्यक्रम के शुरुआत  डॉo अमित कुमार श्रीवास्तव जी द्वारा बलराम सिंह जी के  तस्वीर पे माल्यार्पण कई के कइल गईल । एह अवसर पे कार्यक्रम के मुख्य अतिथि श्री विनोद कुमार सिंह  (जिला पंचायत सदस्य प्रतिनिधि ,बेलहरी) अउरी मनोज कुमार यादव (प्रधान प्रतिनिधि .दिघार) द्वारा दीप प्रज्वलित कई के कइल गईल अउरी बलराम सिंह जी द्वारा क्षेत्र के ग्रामीण जनता के विकास के खातिर कइल गईल शैक्षणिक अउरी सामाजिक कार्य के याद कई के नमन कइल गईल। एह अवसर पे महाविद्यालय के आकाश कुमार सिंह , वरुण प्रताप ,  अरविंद कुमार सिंह , राहुल कुमार तिवारी , शमीम अहमद अभिषेक ,मुकेश रितिक, संदीप, सूरज आदि लोग उपस्थित रहले ।








Post a Comment

0 Comments