विज्ञापन

बलिया: ग्रीनफील्ड-एक्सप्रेस वे के साथे 6500 करोड़ के परियोजना के परिवहन मंत्री नितिन गडकरी जी कईनी लोकार्पण अउरी शिलान्यास।


बलिया: ग्रीनफील्ड-एक्सप्रेस वे के साथे 6500 करोड़ के परियोजना के परिवहन मंत्री नितिन गडकरी जी कईनी लोकार्पण अउरी शिलान्यास।

केंद्रीय सड़क परिवहन मंत्री नितिन गडकरी सोमवार के चितबड़ागांव में आयोजित कार्यक्रम में 6500 करोड़ के सात परियोजना के लोकार्पण-शिलान्यास कइनी। एहमें सबसे प्रमुख रूप से ग्रीनफील्ड-एक्सप्रेस वे अउरी पूर्वांचल एक्सप्रेस-वे के बक्सर से जोड़े वाला 17 किमी लम्बा लिंक रोड शामिल बा। कार्यक्रम के दीप जराके शुभारंभ कइला के बाद बटन दबाके लोकार्पण-शिलान्यास कइल गईल।केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी जी कहनी कि 2024 के अंत तक यूपी के सड़क अमेरिका के बराबर हो जाई। पूर्वी यूपी विकास के राह में आगे दौड़ रहल बा। उहाँ का कहा कि पिछला बलिया आगमन के दौरान हम जवन भी वादा कइनी, ओकरा के एक-एक कई पूरा कइनी। आगे बतवनी कि उप्र में सड़क निर्माण के कार्य पर एनएच के तरफ से 2.80 करोड़ के कार्य कईल गइल बा। 2014 से 2023 तक 80 हजार करोड के लागत से पांच हजार किमी के कार्य के पूरा कइल गईल बा। उहाँ का अपना सरकार के अब तक के उपलब्धिन के गिनववनी। साथ ही आगे निर्माण होखे वाली परियोजना के भी जानकारी दीहनी। उहाँ का भरोसा दिलवनी कि बलिया के किसानन के सब्जी पूरा दुनिया मे भेजे में आपन हरसम्भव सहयोग करब। उहाँ का कहनी कि वाराणसी से हावड़ा तक 22 हजार करोड़ के 620 किमी एक्सप्रेस-वे के निर्माण शुरू बा। एकरा पूरा हो गईला के बाद ई दूरी सिर्फ सात घंटा के हो जाई।


प्रदेश के लोक निर्माण विभाग मंत्री जितिन प्रसाद जी केंद्रीय मंत्री गडकरी जी के प्रति आभार जतावत कहनी कि केंद्र सरकार के ओर से प्रदेश में तमाम बड़े कार्य भईल। उत्तर प्रदेश में आठ साल पहीले 48 एनएच रहल, आज के तारीख में 90 से अधिक बा एकरा अलावा सरकार के अन्य उपलब्धिन के भी गिनवनी। 

परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह जी बलिया में बड़ परियोजना के देबे ख़ातिर केंद्रीय परिवहन मंत्री गडकरी जी के प्रति आभार जतवले। परिवहन मंत्री ने ग्रीनफील्ड के बाद अब फेफना से हल्दी तक के मार्ग के फोर लेन सड़क बनवावे के मांग करत कहले कि एकरा बन जाये से बलिया के विकास के रफ्तार कई गुना बढ़ जाई। एह मांग पर गडकरी जी हामी भरनी अउरी पूरा करेके भरोसा दिलबनी।


सांसद वीरेंद्र सिंह मस्त जी कहनी कि यातायात के सुदृढ होखला से कृषि सम्बन्धी विकास भी होई। कृषि अर्थव्यवस्था में बड़ सुधार देखे के मिली। उहाँ का मोट अनाज के उत्पादन पर विशेष बल दिहनी। 

एह काम के भईल लोकार्पण - शिलान्यास - 

केंद्रीय मंत्री गडकरी ने जवना कार्य के लोकार्पण कइनी, उओहमें गाजीपुर-बलिया-माँझीघाट कुल 131 किमी मार्ग के सुदृढ़ीकरण के कार्य, सिकंदरपुर-हनुमानगंज-बलिया कुल 35 किमी के सुदृढ़ीकरण अउरी गाजीपुर जिला में गाजीपुर बलिया मार्ग पर बेसो नदी पर सेतु के निर्माण कार्य शामिल बा। ओहिजे केंद्रीय परिवहन मंत्री ने गाजीपुर-बलिया- मांझीघाट (यूपी-बिहार सीमा) तक फोर-लेन ग्रीनफील्ड-वे अउरी बक्सर ख़ातिर 17 किमी के लिंक रोड के निर्माण कार्य के भी शिलान्यास कइनी। एकरा अलावा गाजीपुर जिला में मरदह-जखनिया-सादात-सैदपुर मार्ग के टू-लेन पेव्ड शोल्डर निर्माण कार्य (लम्बाई 54 किमी, लागत 840 करोड़), यूपी-बिहार सीमा से चंदौली तक टू-लेन पेव्ड शोल्डर निर्माण कार्य (लम्बाई 11 किमी, लागत 130 करोड़) अउरी गाजीपुर-बलिया मार्ग पर माल्देपुर से कदम चौराहा तक के मार्ग का निर्माण कार्य (लम्बाई 5 किमी, लागत 50 करोड़) के शिलान्यास भईल।

इनकरा लोगन के रहल मौजूदगी

कार्यक्रम में मंत्री दयाशंकर सिंह,  लोकसभा सांसद वीरेंद्र सिंह मस्त व रविंद्र कुशवाहा, राज्यसभा सांसद नीरज शेखर व सकलदीप राजभर, पूर्व मंत्री उपेंद्र तिवारी,  भाजपा जिलाध्यक्ष जयप्रकाश साहू, सहकारी बैंक के चेयरमैन विनोद शंकर दुबे, पूर्व विधायक संजय यादव, जिलाधिकारी सौम्या अग्रवाल, एसपी राजकरण नैय्यर व अन्य अधिकारी मौजूद रहले।

Post a Comment

0 Comments