विज्ञापन

T20 World Cup : कप आ गईल मुट्ठी में। दक्षिण अफ़्रीका के हरा के भारत बनलस दूसरका बार टी 20 विश्व कप के विजेता।

 

फ़ोटो क्रेडिट: ICC फेसबुक पेज और खबर - इंटरनेट

T20 World Cup : कप आ गईल मुट्ठी में। दक्षिण अफ़्रीका के हरा के भारत बनलस दूसरका बार टी 20 विश्व कप के विजेता।

भारत दक्षिण अफ्रीका के 7 रन से हराके दूसरका बार टी20 वर्ल्ड कप जीत लिहलस। विराट कोहली एह मैच में 76 रन के पारी खेलले, ओकरा बाद गेंदबाज लोग ने डेथ ओवरन में दमदार बॉलिंग करत दक्षिण अफ्रीका के जीत दर्ज करेसे रोकले। आखिरी 4 ओवर में अफ्रीका के 26 रन के जरूरत रहल, फेर भारतीय बॉलर्स कसल गेंदबाजी करत 7 रन से टीम के जीत दिलवले। विराट कोहली एह मैच में 76 रन के पारी खेलले अउर अक्षर पटेल भी 47 रन के अहम योगदान दियहले।जीत दिलावे के बाकी काम गेंदबाज लोग पूरा कइल।

भारत टॉस जीतकर पहीले बल्लेबाजी करेके निर्णय लिहलस, हालांकि रोहित शर्मा, ऋषभ पंत अउर सूर्यकुमार यादव एह मैच में बड़ पारी ना खेल सकले। मगर ओकरा बार विराट कोहली अउर अक्षर पटेल के बीच 72 रन के साझेदारी टीम इंडिया के मैच में वापसी करवईलस।अक्षर पटेल 31 गेंद में 47 रन अउर विराट कोहली 59 गेंद में 76 रन के पारी खेलले। शिवम दुबे भी 16 गेंद में 27 रन के पारी खेलके भारत के 176 रन तक पहुंचे में मदद कइले।

दक्षिण अफ्रीका ख़ातिर शुरुआत अच्छा ना रहल कहेंकि रीजा हेंड्रिक्स अउर कप्तान एडन मार्करम चार-चार रन बनाके आउट हो गईले मगर ईहां से क्विंटन डी कॉक अउर ट्रिस्टन स्टब्स 68 रन के साझेदारी कईके दक्षिण अफ्रीका के मैच में वापसी करवइले। स्टब्स 21 गेंद में 31 रन अउर डी कॉक 31 गेंद में 39 रन के पारी खेलले।

 हेनरिक क्लासेन जब बैटिंग ख़ातिर क्रीज़ पर उतरले तब दक्षिण अफ्रीका के स्कोर 3 विकेट पर 70 रन रहल। क्लासेन ईहां से ताबड़तोड़ बैटिंग शुरू कइले अउर उ मात्र 23 गेंद में अर्धशतक पूरा कईले उ 2 चौके,  5 छक्का लगाके आपन फिफ्टी पूरा कईले। क्लासेन 27 गेंद में 52 रन बनवले।15वें ओवर में क्लासेन अक्षर पटेल के ओवर में 24 रन बटोरले जहां से मैच पूरा तरह पलटल नजर आवे लागल मगर आखिरी 4 ओवर में भारत गेंदबाजी के दम पर वापसी कईलस।

16 ओवर के बाद दक्षिण अफ्रीका 4 विकेट के नुकसान पर 151 रन बना लिहले। अफ्रीका के आखिरी 4 ओवर में जीत ख़ातिर 26 रन बनावे के रहल। 17वाँ ओवर के पहीली ही गेंद पर हार्दिक पांड्या क्लासेन को आउट कर दिहले।अगीला 2 ओवरों में ख़ाली 6 रन आइल। 19वाँ ओवर में अर्शदीप सिंह केवल 4 रन दिहले जवना से मैच के रुख भारत के ओर आ गइल। आखिरी ओवर में हार्दिक पांड्या ख़ाली 8 रन देके भारत के 7 रन से जीत सुनिश्चित कइले।

विराट कोहली के प्लेयर ऑफ़ द मैच और जसप्रित बुमराह के प्लेयर ऑफ़ थे टूर्नामेंट चुनल गईल।

Post a Comment

0 Comments