विज्ञापन

लखनऊ में भोजपुरी फिल्म ‘ज़हर’ के पोस्टर लांच के साथ उठल सामाजिक संदेश

लखनऊ में भोजपुरी फिल्म ‘ज़हर’ के पोस्टर लांच के साथ उठल सामाजिक संदेश।


आज लखनऊ के हजरतगंज स्थित सीबी सिंह सभागार में भोजपुरी फिल्म ‘ज़हर’ के पोस्टर के विमोचन कार्यक्रम के दौरान समाजिक सौहार्द आ सुरक्षा पर गहिरा विमर्श भइल। एह फिल्म के ट्रेलर पहिले से जारी कइल जा चुकल बा आ अब ई फिल्म गांधी जयंती, 2 अक्टूबर के दिन यूट्यूब पर देखे के मिल जाई।

फिल्म के कथा, परिकल्पना आ निर्देशन चर्चित अभिनेता, रंग-निर्देशक आ सामाजिक कलाकार आशीष त्रिवेदी के बा। बलिया (उत्तर प्रदेश) के सांस्कृतिक संस्था ‘संकल्प’ एह फिल्म के निर्माण कइलस।



कार्यक्रम में आशीष त्रिवेदी बतवलें कि गाँव-घर आ कस्बा में लोग पहिले मिल-जुल के रहे, चाहे हिन्दू होखसु चाहे मुसलमान, सब अपना-अपना तीज-त्योहार, सुख-दुख में एक-दूसरा के साथ निभावेला। ई मिलनसार संस्कृति धीरे-धीरे कमजोर कइल जात बा। समाज में अलगाव आ नफ़रत के ‘ज़हर’ घोलल जा रहल बा। अगर ई हालत बरकरार रहल त भविष्य में समाज कइसा रही? एह फिल्म के मकसद ई ‘ज़हर’ के पहचान करे आ लोगन के जागरूक बनावे के बा।


पोस्टर जारी करे के अवसर पर नागरिक परिषद के के. के. शुक्ला, कवि-लेखक शैलेश पंडित, जन संस्कृति मंच के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष कौशल किशोर, कवयित्री शालिनी श्रीवास्तव, जलदूत नन्द किशोर वर्मा, कवि राजेश श्रेयांस, कवि अचिंत्य त्रिपाठी, एडवोकेट वीरेंद्र त्रिपाठी, युवा आलोचक रोहित यादव, आशीष कुमार भारती, ट्विंकल गुप्ता समेत कई युवा सक्रिय रुप से मौजूद रहलें।


सभ अतिथि संकल्प संस्था आ आशीष त्रिवेदी के एह रचनात्मक पहल खातिर शुभकामना दिहलें आ कहलें कि एह फिल्म के संदेश आम जनता तक पहुँचे के चाहीं।





Post a Comment

0 Comments