विज्ञापन

Railway News : गोरखपुर, पडरौना, तमकुही रोड, थावे सहित छपरा आ सिवान वाला लोगन के मिलल दिल्ली जाए ख़ातिर अमृत भारत ट्रेन के सौगात।

Railway News : गोरखपुर, पडरौना, तमकुही रोड, थावे सहित छपरा आ सिवान वाला लोगन के मिलल दिल्ली जाए ख़ातिर अमृत भारत ट्रेन के सौगात।


गोरखपुर, 05 अक्टूबर 2025: रेलवे प्रशासन यात्री लोगन के सुविधा खातिर 15133/15134 छपरा–आनंद विहार टर्मिनल–छपरा द्वि-साप्ताहिक अमृत भारत एक्सप्रेस (गोरखपुर के रास्ते) के नियमित परिचालन शुरू करे जा रहल बा। ई ट्रेन छपरा से 20 अक्टूबर 2025 से हर सोमवार आ बियफे (गुरुवार) के चलेला, जबकि आनंद विहार टर्मिनल से 22 अक्टूबर 2025 से हर बुधवार आ शनिचर के रवाना होई।


🚆 15133 छपरा–आनंद विहार टर्मिनल अमृत भारत एक्सप्रेस


ई गाड़ी छपरा से रात 10 बजे (22.00 बजे) प्रस्थान करी।

मुख्य ठहराव आ समय नीचे बानी:

सीवान – 10:55 बजे

थावे – 11:35 बजे

तमकुही रोड – 12:27 बजे (दूसरा दिन)

पडरौना – 01:12 बजे

कप्तानगंज – 02:10 बजे

गोरखपुर – 03:25 बजे

खलीलाबाद – 04:03 बजे

बस्ती – 04:31 बजे

बभनान – 04:56 बजे

मनकापुर – 05:37 बजे

गोंडा – 06:35 बजे

बाराबंकी – 08:40 बजे

बादशाहनगर – 09:48 बजे

ऐशबाग – 10:25 बजे

कानपुर सेंट्रल – 13:35 बजे

इटावा – 15:45 बजे

आनंद विहार टर्मिनल – 22:10 बजे पहुँची।


🛤️ 15134 आनंद विहार टर्मिनल–छपरा अमृत भारत एक्सप्रेस (वापसी यात्रा)


ई गाड़ी आनंद विहार टर्मिनल से रात 12:20 बजे (00.20 बजे) प्रस्थान करी।

मुख्य ठहराव आ समय नीचे बानी:

इटावा – 04:22 बजे

कानपुर सेंट्रल – 07:05 बजे

ऐशबाग – 09:10 बजे

बादशाहनगर – 09:33 बजे

बाराबंकी – 10:35 बजे

गोंडा – 13:30 बजे

मनकापुर – 13:54 बजे

बभनान – 14:38 बजे

बस्ती – 15:13 बजे

खलीलाबाद – 15:36 बजे

गोरखपुर – 17:00 बजे

कप्तानगंज – 18:20 बजे

पडरौना – 18:55 बजे

तमकुही रोड – 19:47 बजे

थावे – 20:25 बजे

सीवान – 21:25 बजे

छपरा – 22:50 बजे पहुँची।


🧳 कोच संरचना

ए गाड़ी में कुल 22 कोच रही —


  • 08 शयनयान (Sleeper) कोच,
  • 11 सामान्य द्वितीय श्रेणी (General) कोच,
  • 02 एल.डब्ल्यू.एल.आर.डी. कोच,
  • 01 पैंट्री कार सहित।


रेल प्रशासन के कहना बा कि ई ट्रेन के संचालन से पूर्वांचल आ दिल्ली के बीच यात्रा अउरी सुगम हो जाई।


हालांकि एह एह खबर लिखे में पूरा सावधानी बरतल गईल बा फिर भी यात्रा करे से पहिले रेलवे हेल्प लाइन आ चाहें रेलवे स्टेशन पर ज़रूर कन्फर्म कई लेब सभे।

Post a Comment

0 Comments