विज्ञापन

गोरखपुर में स्टेज पर बवाल: भोजपुरी सिंगर एंकर पर सैंडल तनली, आपत्तिजनक टिप्पणी पर भड़कली

गोरखपुर में स्टेज पर बवाल: भोजपुरी सिंगर एंकर पर सैंडल तनली, आपत्तिजनक टिप्पणी पर भड़कली 



गोरखपुर में भोजपुरी के मशहूर सिंगर संगे बदसलूकी के मामला सामने आइल बा। एगो कार्यक्रम में परफॉर्म करे पहुंचली गायिका खातिर एंकर आपत्तिजनक टिप्पणी कर देले, जवन सुनते ही उ भड़क गइली आ स्टेज पर ही एंकर के चप्पल तान दिहली । ई घटना सोमवार रात के बतावल जात बा।


मंगलवार दुपहरिया में गायिका गोरखपुर के एसएसपी से मिलके आरोपी एंकर के खिलाफ लिखित शिकायत दर्ज करवली। पुलिस अब मामला के जांच शुरू कर देले बा। एह घटना के वीडियो सोशल मीडिया पर तेजी से वायरल हो रहल बा।


वायरल वीडियो में देखल जा सकेला कि सिंगर गुस्सा में चप्पल लेके एंकर के ओर दौड़त नजर आ रहल बाड़ी। एह दौरान कार्यक्रम में मौजूद लोग बीच-बचाव क के उनका के शांत करावे के कोशिश करत दिख रहल बा। हालाकि भोजपुरी न्यूज़ ओह वीडियो के सत्यता के पुष्टि नईखे करत।


आरोपी एंकर कथित तौर पर भोजपुरी के एगो कलाकार के करीबी बतावल जात बा। बतावल जा रहल बा कि एंकर पहिले आयोजक लोग से गायिका के मंच पर ना बुलावे के कहले रहे, बाकिर आयोजक उनका बात के नजरअंदाज करत सिंगर के मंच पर बुलवले आ उ परफॉर्मेंस भी दिहली।


कथित तौर पर आरोप बा कि जब सिंगर प्रस्तुति देके मंच से नीचे उतरत रहली, त एंकर उनका खातिर आपत्तिजनक टिप्पणी कर देले। एह बात से नाराज होके उ अपना पैर से सैंडल निकाल के एंकर के ओर तेजी से बढ़ गइली। कार्यक्रम में मौजूद लोग ई नजारा देख के हैरान रह गइल।

मामला के गंभीरता देखते हुए पुलिस आरोपी एंकर के खिलाफ संबंधित धारन में केस दर्ज क के जांच शुरू कर देले बा। एसएसपी से मुलाकात के बाद मीडिया से बातचीत में सिंगर कहली कि उनका पूरा भरोसा बा कि पुलिस उनकर साथ न्याय करी।



Disclaimer - खबर आ वीडियो स्रोत अलग अलग न्यूज़ वेब साईट आ सोशल मीडिया।


Post a Comment

0 Comments