MY भारत बजट क्वेस्ट 2026 के फाइनल राउंड में चुनाइल रहलें ध्यानचन्द कुमार
कुशीनगर जनपद के दुदही क्षेत्र के निवासी प्रतिभाशाली नवजवान ध्यानचन्द कुमार “अंजन” एक बेर फेरु अपना इलाका के नाम रोशन कइले बाड़ें। उहाँके MY भारत बजट क्वेस्ट 2026 के प्रतिष्ठित फाइनल राउंड खातिर चुनल गइल बा, जहाँ उहाँके देश के माननीय प्रधानमंत्री आ खेल मंत्री मनसुख मण्डाविया जी संगे वर्चुअल संवाद करे के अवसर मिलल।
ई फाइनल राउंड 12 आ 13 अप्रैल 2026 के लखनऊ के इंदिरा गांधी प्रतिष्ठान के जुपिटर ऑडिटोरियम में सम्पन्न भइल। देश भर से 12 लाख से अधिक प्रतिभागियन में से ध्यानचन्द कुमार के चयन उहाँके बेहतरीन प्रदर्शन, तेज विश्लेषण क्षमता आ प्रभावशाली विचारधारा के आधार पर भइल बा।
ध्यानचन्द कुमार एह घरी सामाजिक आ शैक्षिक क्षेत्र में सक्रिय भूमिका निभावत बाड़ें। उहाँ “सुध्यानहानी फाउंडेशन ट्रस्ट” के माध्यम से रक्तदान, शिक्षा आ पर्यावरण संरक्षण जइसन महत्वपूर्ण कामन में आपन योगदान देत बाड़ें। उहाँके ई चयन ना केवल व्यक्तिगत उपलब्धि बा, बल्कि पूरा क्षेत्र आ नवजवान पीढ़ी खातिर प्रेरणा के स्रोत बन गइल बा।
फाइनल राउंड में ऊ राष्ट्रीय मंच पर युवा आवाज बनके देश के विकास, खासकर कृषि, रोजगार आ शिक्षा जइसन महत्वपूर्ण मुद्दन पर आपन विचार प्रस्तुत करीहें।
एह गौरवपूर्ण उपलब्धि पर क्षेत्र के गणमान्य लोग, शिक्षक वर्ग आ सामाजिक संगठनन खुशी जाहिर करत उहाँके हार्दिक शुभकामना देले बाड़ें आ उज्ज्वल भविष्य के कामना कइले बाड़ें।
0 Comments