Gorakhpur : जन्मदिन पर रक्तदान, समाज खातिर प्रेरणा। ओम फिटनेस योग संस्थान आ सेवा साथी फाउंडेशन ट्रस्ट के संयुक्त तत्वावधान में गोरखपुर चैरिटेबल ब्लड बैंक में एगो भव्य रक्तदान शिविर के आयोजन भइल।
ओम फिटनेस योग संस्थान आ सेवा साथी फाउंडेशन ट्रस्ट के संयुक्त तत्वावधान में गोरखपुर चैरिटेबल ब्लड बैंक, दाउदपुर में एगो भव्य रक्तदान शिविर के आयोजन भइल। एह अवसर पर समाज सेवा के भावना से भरल लोगन बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहलस आ मानवता के सेवा खातिर रक्तदान कइलस।
कार्यक्रम के शुरुआत मुख्य अतिथि स्वामी अर्जुनानंद जी आ विशिष्ट अतिथि महिला समाजसेवी एडवोकेट पूजा गुप्ता जी के स्वागत-सम्मान से भइल। शंखनाद के मंगल ध्वनि के साथ शिविर के शुभारंभ कइल गइल।
एह अवसर पर स्वामी अर्जुनानंद जी कहलन कि रक्तदान से बड़ा कवनो दान नइखे। ऊ कहलन कि एक रक्तदाता के रक्त से कई लोगन के जान बचावल जा सकेला। उनका अनुसार समाज के हर सक्षम व्यक्ति के समय-समय पर रक्तदान जरूर करे के चाहीं।
संस्थान के अध्यक्ष आ योगाचार्य योगी धर्मेश्वर जी अपना जन्मदिन के अवसर पर आठवीं बेर रक्तदान क के समाज खातिर प्रेरणा के मिसाल पेश कइलन। उहें उनका बड़ा भाई डॉ. जितेन्द्र प्रजापति जी 24वीं बेर रक्तदान क के सेवा भावना के अउरी मजबूती दिहलन।
शिविर के दौरान गोरखपुर चैरिटेबल ब्लड बैंक द्वारा केक काटे के समारोह भी आयोजित भइल, जेहसे लोगन में खास उत्साह देखे के मिलल।
रक्तदान शिविर के दौरान अतिथि लोगन के अंग वस्त्र आ श्रीमद्भागवत गीता देके सम्मानित कईल गईल। एह दौरान सेवा साथी फाउंडेशन के संस्थापक जितेंद्र प्रजापति, ओम फिटनेस योग संस्थान के संस्थापक योगी धर्माचार्य, अरविंद यादव, युवा पत्रकार प्रदीप यादव सहीत तमाम गणमान्य लोग उपस्थित रहले।
अंत में योगी धर्मेश्वर जी सभे से अपील कइलन कि समाजहित आ मानवता के सेवा खातिर समय-समय पर रक्तदान जरूर करे के चाहीं।
0 Comments