विज्ञापन

दीपिका चिखलिया कइलीं भोजपुरी वेब सीरीज ‘महाश्मशान’ के शुभ मुहूर्त, कहलीं – कहानी जगाई नया उम्मीद

दीपिका चिखलिया कइलीं भोजपुरी वेब सीरीज ‘महाश्मशान’ के शुभ मुहूर्त, कहलीं – कहानी जगाई नया उम्मीद



मुंबई, 23 मई: मशहूर अभिनेत्री Deepika Chikhalia आज भोजपुरी वेब सीरीज ‘महाश्मशान’ के शुभ मुहूर्त में शामिल भइली। एह खास मौका पर निर्माता-लेखक Dheeraj Mishra, सह-निर्मात्री Ishika Mishra, निर्देशक Raja Randeep Giri आ कलाकार Kunal Singh Rajput, Golu Tiwari, Prashant Rai, परी सिंह, गौरव उपाध्याय, जीसान खान आ लाइन प्रोड्यूसर महेश उपाध्याय मौजूद रहलें।



दीपिका चिखलिया पूरा टीम के शुभकामना देत कहलें कि ‘महाश्मशान’ के टाइटल खुदे एगो अलग उम्मीद जगावेला कि ई सीरीज दमदार होखी। ऊ स्टेज के सजावट आ भोजपुरी भाषा में हो रहल बढ़िया काम के भी खूब सराहना कइली।



निर्माता धीरज मिश्रा कहलें, “हम दीपिका चिखलिया जी के दिल से धन्यवाद देत बानी कि ऊ हमनी के वेब सीरीज के मुहूर्त कइली। ई हमनी खातिर बहुत खास मौका बा आ पूरा भरोसा बा कि दर्शक एह सीरीज के खूब पसंद करी।”


सह-निर्मात्री इशिका मिश्रा कहलें, “एह सीरीज खातिर बहुत मेहनत कइल गइल बा। हमरा विश्वास बा कि दर्शकन के ई कहानी जरूर पसंद आई।”


निर्देशक राजा रणदीप गिरी बतवलें कि “ई एगो अलग तरह के कहानी बा, जवन दर्शकन के सोचला पर मजबूर करी। मई महीना के आखिर से शूटिंग शुरू होई आ जल्दे रिलीज कइल जाई।”


भोजपुरी वेब सीरीज ‘महाश्मशान’ जीवन के अलग-अलग पहलुअन के देखावे वाली कहानी बा। एह में कुणाल सिंह राजपूत, गोलू तिवारी, प्रशांत राय, परी सिंह, गौरव उपाध्याय, शिवम सिंह, विवेक त्रिपाठी आ जीसान खान मुख्य भूमिका में नजर आई लोग।


एह कार्यक्रम में स्टेज ओटीटी टीम के ओर से अमर दुबे आ धर्मेंद्र सिंह भी मौजूद रहलें। अमर दुबे कहलें कि “स्टेज हर तरह के कलाकार आ निर्माता लोग के साथ खड़ा बा आ मनोरंजन जगत में नया क्रांति लावे के कोशिश करत बा।”


धर्मेंद्र सिंह पूरा टीम के शुभकामना देत कहलें कि “स्टेज के माध्यम से अलग तरह के कहानी दर्शकन तक पहुंचावल जा रहल बा।”



Post a Comment

0 Comments