भोजपुरी फिल्म ‘प्रतिशोध’ के ट्रेलर रिलीज, गौरव झा आ ऋतु सिंह के दमदार अंदाज देखे के मिली झलक
भोजपुरी सिनेमा के दर्शकन खातिर एगो खास खबर सामने आइल बा। Jayant Films & Entertainment के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘प्रतिशोध’ के आधिकारिक ट्रेलर आज Rudra Movies Official यूट्यूब चैनल पर रिलीज कर दिहल गइल। ट्रेलर रिलीज होतही फिल्म के कहानी, कलाकारन के अभिनय आ दमदार प्रस्तुति के लेके दर्शकन में उत्सुकता बढ़ गइल बा।
फिल्म के निर्माता जयंत श्रीवास्तव कहले कि ‘प्रतिशोध’ खाली एगो फिल्म ना ह, बल्कि समाज के सच्चाई, रिश्तन के पीड़ा आ अन्याय के खिलाफ आवाज उठावे वाला कहानी ह। उनका मुताबिक आज के भोजपुरी दर्शक बढ़िया कहानी, साफ-सुथरा मनोरंजन आ मजबूत अभिनय पसंद करत बाड़ें। एही सोच के साथ फिल्म के तैयार कइल गइल बा।
उनकर सपना बा कि भोजपुरी सिनेमा के कहानी आ कलाकारन के पहचान देश के साथ-साथ विदेश में भी बनो आ भोजपुरी फिल्मन के व्यापक स्तर पर सराहना मिले।
फिल्म ‘प्रतिशोध’ में मुख्य भूमिका में गौरव झा आ ऋतु सिंह नजर आई। इनके अलावा संजय पांडेय, अमित शुक्ला, देव सिंह, सौरभ श्रीवास्तव, अनु पांडेय, प्रदीप विजय, काजोल श्री, राहुल श्रीवास्तव, जयंत श्रीवास्तव, शिखा श्रीवास्तव, गुड्डन शिवरानी आ रामजी श्रीवास्तव महत्वपूर्ण किरदार में दिखाई देहें। बाल कलाकार मास्टर सिद्धार्थ आ मास्टर शिवांश भी फिल्म में अपना खास योगदान दिहले बाड़ें।
फिल्म के निर्देशन सत्यार्थ सिन्हा कइले बाड़ें, जबकि एम. सत्य दुबे एसोसिएट डायरेक्टर के रूप में जुड़ल बाड़ें। कहानी विद्या शुक्ला के ह। संगीत अमन श्लोक के बा।
फिल्म के गीत राजेश मिश्रा, अरविंद तिवारी, विनोद श्रीवास्तव, शेखर मधु, प्रदीप दुबे आ दीपिका झा लिखले बाड़ें। गीतन के आवाज इंदु सोनाली, विजय चौहान, सोमी शैलेश, खुशबू जैन, मो. मुश्ताक, ममता रावत आ कन्हैया सिंह दिहले बाड़ें।
फिल्म के कोरियोग्राफी शिवार्थ श्रीवास्तव, एक्शन प्रदीप खड़का, डीओपी ओम मिश्रा आ कॉस्ट्यूम डिजाइन अंजलि श्रीवास्तव के जिम्मेदारी रहल।
निर्माता जयंत श्रीवास्तव आगे कहलें कि फिल्म के पूरा टीम बहुत मेहनत आ लगन से ‘प्रतिशोध’ के तैयार कइले बा। उनका पूरा भरोसा बा कि दर्शक फिल्म के दिल से अपनइहें आ ‘प्रतिशोध’ के सफलता के शिखर तक पहुंचइहें।
‘प्रतिशोध’ जल्दिए सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा।
🎬 फिल्म के आधिकारिक ट्रेलर इहाँ देखीं:
Rudra Movies Official पर ‘प्रतिशोध’ के ट्रेलर
0 Comments