Ravi Kishan New Song: रवि किशन के ‘Money Follows My Brother’ गाना रिलीज, सोशल मीडिया पर मचलल धमाल
भोजपुरी आ बॉलीवुड अभिनेता, साथही भाजपा सांसद रवि किशन इन दिनन सोशल मीडिया पर खूब चर्चा में बाड़े। शुक्रवार के उनकर नया गाना ‘मनी फॉलोज माय ब्रदर’ रिलीज हो गइल। रिलीज होतहीं एह गाना के लेके सोशल मीडिया पर लोगन के तरह-तरह के मजेदार रिएक्शन देखे के मिल रहल बा।
रवि किशन अपना दमदार एक्टिंग के साथे-साथ डांस परफॉर्मेंस खातिर भी खूब लोकप्रिय बाड़े। खास करके जेन जी के बीच उनकर वायरल मीम्स, अनोखा बयान आ अलग अंदाज के खूब चर्चा होला।
रवि किशन अपना आइकॉनिक डायलॉग, पहचानल जाए वाला एक्सप्रेशन, बेबाक अंदाज आ दमदार पर्सनैलिटी के बदौलत सोशल मीडिया पर अलग पहचान बना चुकल बाड़े। उनकर एगो खास लाइन ‘मनी फॉलोज माय ब्रदर’ सोशल मीडिया पर खूब वायरल भइल रहे। अब एह लोकप्रिय लाइन के पूरा म्यूजिक वीडियो के रूप दे दिहल गइल बा।
फैंस के प्यार के रवि किशन बतवलें वजह
नया गाना के बारे में बात करत रवि किशन कहलें कि ई गाना एह बात के सबूत बा कि लोग उनकर डायलॉग आ एनर्जी से जुड़ाव महसूस करेला। ऊ सोशल मीडिया पर मिल रहल फैंस के प्यार खातिर आभार जतवलें।
रवि किशन कहलें, “सोशल मीडिया पर फैंस से मिल रहल प्यार वाकई दिल के छू लेवे वाला बा। हम अपना फैंस आ महादेव के दिल से आभारी बानी। ‘मनी फॉलोज माय ब्रदर’ ओही प्यार के वापस लौटावे के हमार एगो तरीका बा।”
गाना रिलीज होखला के बाद रवि किशन के फैंस के साथे-साथ सोशल मीडिया यूजर्स भी एह पर मजेदार प्रतिक्रिया दे रहल बाड़े। रवि किशन के वायरल अंदाज एक बेर फेर इंटरनेट पर चर्चा के विषय बन गइल बा।
डिस्क्लेमर- उपरोक्त खबर सोशल मीडिया आ कई न्यूज़ चैनल के वेबसाइट पर प्रकाशित खबर से लिहल गईल बा
0 Comments