विज्ञापन

छठ पर्व पर यात्रियन के सुविधा खातिर गोरखपुर जंक्शन पर बनल 5 पैसेंजर होल्डिंग एरिया, सांसद रवि किशन शुक्ला कइलें निरीक्षण

छठ पर्व पर यात्रियन के सुविधा खातिर गोरखपुर जंक्शन पर बनल 5 पैसेंजर होल्डिंग एरिया, सांसद रवि किशन शुक्ला कइलें निरीक्षण



गोरखपुर, 26 अक्टूबर 2025:

लोक आस्था के महापर्व छठ पूजा के मौका पर घर लौटत यात्रियन के सहज, सुगम, सुरक्षित आ आरामदायक यात्रा सुनिश्चित करे खातिर पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन वड्डे पैमाने पर तैयारी कइले बा।


आज माननीय सांसद गोरखपुर श्री रवि किशन शुक्ला छठ पर्व पर आवे-जाए वाला यात्रियन के भारी भीड़ के ध्यान में रखत गोरखपुर जंक्शन स्टेशन पर बनावल यात्री आश्रय स्थल (पैसेंजर होल्डिंग एरिया) के निरीक्षण कइले आ उहंवा बइठल यात्रियन से बात कइले।



यात्रियन पैसेंजर होल्डिंग एरिया में मिल रहल सुविधा से बहुत खुश देखाइलें आ रेल प्रशासन के ई व्यवस्था खातिर धन्यवाद देले। गोरखपुर जं. पर कुल 2,500 वर्ग मीटर में 5 पैसेंजर होल्डिंग एरिया बनावल गइल बा।


निरीक्षण के दौरान सांसद रवि किशन शुक्ला पंखा, कूलर, ट्रेन डिस्प्ले बोर्ड, शुद्ध पेयजल, सहायता बूथ, मोबाइल यू.टी.एस., प्राथमिक चिकित्सा, मोबाइल चार्जिंग प्वाइंट, खान-पान स्टॉल, बैठके के व्यवस्था आ उत्तम रोशनी के स्थिति देखलें। उ छठ गीत बजावे वाला माहौल के सराहना कइलें।


मोबाइल यू.टी.एस. सेवा, जेकरे जरिए यात्रियन के बिना लाइन में लगले तुरंत टिकट मिल रहल बा, ओकरा के सांसद शुक्ला “रेलवे के ओर से यात्रियन खातिर अनुपम तोहफा” बतावलें।


मुख्य जनसंपर्क अधिकारी श्री पंकज कुमार सिंह सांसद जी के जानकारी दिहलें कि छठ पर्व पर भीड़ प्रबंधन, सुरक्षा आ यातायात नियंत्रण खातिर रेलवे प्रशासन पूरा तैयार बा। उ बतवलें कि बीते दिन छठ पर्व के अवसर पर गोरखपुर जं. पर करीब दुई लाख यात्रियन के आवागमन भइल।


ए अवसर पर जेड.आर.यू.सी.सी. सदस्य श्री पवन दूबे, सांसद गोरखपुर के निजी सचिव शिवम् द्विवेदी, स्टेशन निदेशक श्री रतनदीप गुप्ता, आ अन्य रेल अधिकारी, पर्यवेक्षक आ कर्मचारी मौजूद रहलें।


Post a Comment

0 Comments