विज्ञापन

खेल : इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) के 13 वां संस्करण यूएई में खेलल जाई।

इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) के 13 वां संस्करण यूएई में खेलल जाई।

इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) के 13 वां संस्करण यूएई में खेलल जाई, आईपीएल गवर्निंग काउंसिल के अध्यक्ष बृजेश पटेल एकर मंगर के एकर पुष्टि कइले हा।
आईपीएल 2020 संस्करण के एह साल 29 मार्च से शुरू होखे के रहल हा, लेकिन कोरोना वायरस महामारी के कारण टूर्नामेंट अनिश्चित काल खाती स्थगित कई दिहल गईल रहुवे।
पटेल बतवले हा कि "आईपीएल 2020 जवन कि कोरोनावायरस के कारण स्थगित हो गइल रहल हा उ अब यूएई में आयोजित कइल जाई।
उ आगे इहो कहले कि भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) सरकार से अनुमति खाती आवेदन कइके बा और आगे के कार्रवाई खाती आईपीएल गवर्निंग काउंसिल के बैठक में चर्चा कइल जाइ।

रउरा सभे के ई बता दिहल चाहतानी कि एकरा पहिले सोमवार के अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) कोरोनोवायरस महामारी के कारण टी 20 विश्व कप 2020 के स्थगित करेके की घोषणा कइलसीहा।
टी 20 विश्व कप एह साल अक्टूबर-नवंबर में ऑस्ट्रेलिया में खेलाल जाए वाला रहुवे।

ख़बर अउर तस्वीर -ANI के हवाले से।