भोजपुरी फिलिम “उमा” के ट्रेलर रत्नाकर कुमार जी रिलीज कइनीं, माही श्रीवास्तव हक के लराई लड़त नजर आवत बाड़ी
भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता रत्नाकर कुमार जबो कवनो फिलिम बनावेलन, त उ फिलिम कुछ अलग होखेला — समाज के जागरूक करे वाला संदेश देला। एह कड़ी में रत्नाकर कुमार जी निर्देशक अनंजय रघुराज के निर्देशन में भोजपुरी फिलिम “उमा” बनवले बानी, जेकरा से उ एगो मिसाल कायम कइनी। एह फिलिम में भोजपुरी सिनेमा के टॉप एक्ट्रेस माही श्रीवास्तव मुख्य किरदार में बाड़ी, जवन टाइटल रोल निभवले बाड़ी। उ गाँव के सादगी भरा माहौल में पलल-बढ़ल लइकी के रूप में नजर आवत बाड़ी, जेकर बाल विवाह हो जाला आ बाद में कुछ कारण से तलाक के नौबत आ जाला। माही श्रीवास्तव एह फिलिम में अपना हक खातिर कोर्ट में लराई लड़त नजर आवत बाड़ी, आ समाज के ताने-बाने वाला लोगन के मुंहतोड़ जवाब देत बाड़ी।
ट्रेलर में अभिनेता रितेश उपाध्याय गाँव के सादा-सुधरा लड़िका के रूप में दिख रहल बानी, जेकर बचपन में माही से बियाह हो गइल रहे। ई फिलिम पूरा परिवार के साथ देखे लायक फैमिली ड्रामा बानी। “उमा” के ट्रेलर वर्ल्डवाइड रिकॉर्ड्स भोजपुरी के आधिकारिक यूट्यूब चैनल पर रिलीज भइल बा। ट्रेलर देख के लागता कि ई फिलिम देश-विदेश में कई अवार्ड जीत चुकल “जया” के रिकॉर्ड तोड़ दी। जइसन कि “जया” फिलिम में माही श्रीवास्तव नारी के हक खातिर आवाज उठवली आ बेस्ट एक्ट्रेस के खिताब जीतली, ओइसहीं “उमा” में भी माही सबके ध्यान अपनी ओर खींच लेले बाड़ी।
🔗 लिंक: https://youtu.be/c55cUIB0APQ?si=W8VMPRscnAsATjbr
गौर करे लायक बात बा कि रत्नाकर कुमार जी के बनावल “उमा” एगो महिला प्रधान फिलिम बा। ट्रेलर देखे के बादे से ई फिलिम भोजपुरी फिलिम जगत में चर्चा के विषय बन गइल बा। रत्नाकर कुमार पहिले “जया” फिलिम बना के भोजपुरी सिनेमा में नयका इतिहास रचले रहनी, आ ओ फिलिम के देश-विदेश में कई अवार्ड मिलल। अब लगत बा कि “उमा” भी ओइसहीं नयका इतिहास रच दी आ रत्नाकर कुमार फेर से एगो नयकी मिसाल कायम कर दीहें।
“उमा” फिलिम वर्ल्डवाइड रिकॉर्ड्स चैनल के बैनर तले बनावल गइल बा। फिलिम के निर्माता रत्नाकर कुमार बानी, निर्देशक अनंजय रघुराज, लेखक अरविंद तिवारी आ राकेश तिवारी बानी। संगीत साजन मिश्रा के बा, गीत धरम हिंदुस्तानी के, आ गाना कल्पना पटोवारी, प्रियंका सिंह, सुगम सिंह आ किरण कश्यप गवले बानी। डीओपी के. वेंकट महेश, कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी, आर्ट डायरेक्टर राम दुलारे आ मिलिंद सिंह, ईपी कुलदीप श्रीवास्तव, प्रोडक्शन कंट्रोलर महेश उपाध्याय, आ पीआरओ ब्रजेश मेहर आ रामचंद्र यादव बानी।
मुख्य कलाकार हउअन — माही श्रीवास्तव, रितेश उपाध्याय, अमरेन्द्र शर्मा, शम्भू राणा, पुष्पेन्द्र राय, नेहा सिंह, अंशू तिवारी, मोना राय, राकेश त्रिपाठी, सी.पी. भट्ट, ऋतम श्री, जेपी सिंह, पारुल प्रिया आ बबीता सिंह।
रत्नाकर कुमार जी कहलन — “‘उमा’ एगो नारी प्रधान सामाजिक फिलिम बा, जे मनोरंजन के साथ-साथ आम जनता के समस्या के उजागर करेला। एह फिलिम के जरिये समाज में जागरूकता फैलावे के प्रयास कइल गइल बा। उम्मीद बा कि ई पहल लोगन में सकारात्मक सोच पैदा करी।”
एक्ट्रेस माही श्रीवास्तव कहलिन — “रत्नाकर कुमार सर जबो फिलिम बनावेलन, त उ खाली मनोरंजन ना, समाज के मैसेज भी देल जाला। जइसन ‘जया’ फिलिम में सामाजिक मुद्दा उठवलन, ओइसहीं ‘उमा’ से भी नया संदेश दे रहल बानी। रत्नाकर सर के दिल से धन्यवाद देत बानी।”
निर्देशक अनंजय रघुराज कहलन — “रत्नाकर कुमार भोजपुरी सिनेमा में नयकी दिशा दे रहल बानी। उ सामाजिक मुद्दा पर फिलिम बनावे वाला निर्माता बानी। ‘उमा’ के निर्देशन हमरा हवाले क के उ हम पर विश्वास जतवले बानी — एह खातिर उके दिल से धन्यवाद।”
0 Comments