विज्ञापन

Bihar Election 2025 : एक बार फेरू बिहार में NDA सरकार, महागठबंधन के हार।

Bihar Election 2025 : एक बार फेरू बिहार में NDA सरकार, महागठबंधन के हार।




बिहार विधानसभा चुनाव के नतीजा साफ बता रहल बा कि एक बेर फेरु एनडीए पर जनता के भरोसा बनल रहल। महागठबंधन के करारी हार भइल आ तेजस्वी यादव संगे राहुल गांधी के रणनीति पर सवाल उठल बा।

एनडीए कुल 202 सीट जीतल, जवना में भाजपा 89, जदयू 85, लोजपा 19, आ हम 5 आ आरएलएम के 4  सीट आइल। ओहीजे महागठबंधन के खाता में सिरिफ 35 सीट गइल, जवना में राजद 25, कांग्रेस 6 सीट ले पवलस।

काहे जीतल एनडीए?
 • लोग स्थिर सरकार चाहत रहे, जेकर फायदा सीधे नीतीश कुमार आ मोदी ब्रांड के मिलल।
 • विकास, कानून-व्यवस्था आ केंद्र-राज्य के तालमेल के मुद्दा मतदातन पर असर कइल।
 • महागठबंधन में अंदरूनी मतभेद आ उम्मीदवार चयन में गड़बड़ी भारी पड़ल।

काहे हारल महागठबंधन?
 • तेजस्वी यादव के कैम्पेन जोरदार रहे, लेकिन ग्राउंड मैनेजमेंट कमजोर पड़ गइल।
 • कांग्रेस के खराब प्रदर्शन से गठबंधन के सीटन में सेंध पड़ल।
 • जनता स्थिरता चाहsत रहे, उहे एनडीए के ओर झुकल।

फोटो आ चुनाव परिणाम स्रोत - इलेक्शन कमीशन वेबसाइट ।

Post a Comment

0 Comments