विज्ञापन

IPL Update : वीवो आईपीएल के बचल मैंच यूएई में करावल जाइ : बीसीसीआई

फ़ोटो साभार आईपीएल ट्विटर हैंडल

VIVO IPL Update : वीवो आईपीएल के बचल मैंच यूएई में करावल जाइ : बीसीसीआई


 भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) शनिवार के भारत में मानसून के मौसम के देखत एह साल सितंबर-अक्टूबर के महीना में संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) में वीवो इंडियन प्रीमियर लीग 2021 सीज़न के शेष मैचन के पूरा करे के घोषणा कइलस।


 ई निर्णय आयोजित विशेष आम बैठक (एसजीएम) में लिहल गईल, जहां सदस्य लोग सर्वसम्मति से आईपीएल के फेर से शुरू करे पर सहमति व्यक्त कईल।

एकरा अलावा BCCI SGM  पदाधिकारिन के ICC T20 विश्व कप 2021 के मेजबानी ख़ातिर ICC से समय बढ़ावे पर उचित कॉल करे ख़ातिर अधिकृत कइलस।

Post a Comment

0 Comments