विज्ञापन

ओलिम्पिक : बन गईल इतिहास,स्वर्ण पदक जीतके नीरज चोपड़ा दिलावले भारत के ओलंपिक एथलेटिक्स में पहिला मेडल।

ओलिम्पिक : बन गईल इतिहास,स्वर्ण पदक जीतके नीरज चोपड़ा दिलावले भारत के ओलंपिक एथलेटिक्स में पहिला मेडल।

भारत के स्टार जैवलिन थ्रोअर नीरज चोपड़ा इतिहास रच दिहले। उ जैवलिन थ्रो(भाला-फेंक) में गोल्ड जीतले। उनकर सर्वश्रेष्ठ थ्रो 87.58 मीटर के बा। भारत के 121 वर्ष के ओलंपिक एथलेटिक्स में ई पहिला मेडल बा। ओहीजे, एह कारनामा के साथ ही नीरज चोपड़ा ओलिंपिक के व्यक्तगित प्रतिस्पर्धा में सोना जीते वाला दूसरा अउरी एथलेटिक्स में ई कारनामा करे वाला पहीला भारतीय एथलीट बन गइलन।

ओलंपिक के व्यक्तिगत स्पर्धा में भारत के 13 साल बाद दूसरका गोल्ड मिलल। बीजिंग ओलंपिक 2008 में पहिला बार स्वर्ण पदक जीते ल कारनामा दिग्गज शूटर अभिनव बिंद्रा कइले रहले। बिंद्रा 10 मीटर एयर राइफल शूटिंग प्रतियोगिता में 2008 में गोल्ड मेडल जीतले रहले। 

भारत के ई अब तक के सबसे सफल ओलिंपिक बन गईल बा। भारत  इसमें 1 गोल्ड, 2 सिल्वर अउरी 4 ब्रॉन्ज समेत कुल 7 मेडल जीतल बा।  2012 लंदन ओलिंपिक में 6 मेडल जीतल रहलन।

Post a Comment

0 Comments