विज्ञापन

आईपीएल 2022 में 2 गो अउरी नया टीम के एंट्री, लखनऊ अउरी अहमदाबाद के टीम भी अब उतरिहे स मैदान में।


आईपीएल 2022 में 2 गो अउरी नया टीम के एंट्री, लखनऊ अउरी अहमदाबाद के टीम भी अब उतरिहे स मैदान में।

IPL 2022 के 2 गो नया टीम के ऐलान हो गईल। आईपीएल के अगिला सीजन से अहमदाबाद अउरी लखनऊ के टीम भी मैदान भी उतरिहें स। अहमदाबाद के टीम को सीवीसी कैपिटल ग्रुप खरीदलस, ओहीजे लखनऊ के आरपी संजीव गोयनका ग्रुप आपन बनवलस। एह दु टीमन के साथ अब कुल 10 टीम खेलिहें से।

आरपी-संजीव गोयनका ग्रुप लखनऊ फ्रेंचाइजी के 7,090 करोड़ रुपया में खरीदलस ओहीजे सीवीसी कैपिटल  अहमदाबाद टीम के 5600 करोड़ रुपया में खरीदलस।

बीसीसीआई अध्यक्ष, श्री सौरव गांगुली जी कहनी कि बीसीसीआई इंडियन प्रीमियर लीग के अगीला सत्र से दु गो नया टीमन के स्वागत करत  खुश बिया।  हम सफल बोलीदाता होखे ख़ातिर आरपीएसजी वेंचर्स लिमिटेड अउरी इरेलिया कंपनी प्राइवेट लिमिटेड के बधाई दिहल चाहतनी। हम आईपीएल 2022 के बेसब्री से इंतजार कर रहल बानी।



ख़बर और तस्वीर स्रोत - BCCI और आईपीएल के ट्विटर हैंडल।

Post a Comment

0 Comments