विज्ञापन

Asia Cup 2022 : पाकिस्तान के 5 विकेट से हरा, भारत कईलस एशिया कप में जीत के साथ आगाज़।

फोटो क्रेडिट: BCCI Twitter

Asia Cup 2022 : पाकिस्तान के 5 विकेट से हरा, भारत कईलस एशिया कप में जीत के साथ आगाज़।

एशिया कप 2022 के पहिला मैच में भारत पाकिस्तान के पांच विकेट से हरा दिहलस। आखिरी ओवर में भारत 148 रन बनावे के लक्ष्य हासिल कइलस। टीम इंडिया के जीत में रविन्द्र जडेजा आ हार्दिक पाण्ड्या के अहम भूमिका रहल। टॉस हारला का बाद पहिला बल्लेबाजी करत पाकिस्तान टीम 19.5 ओवर में 147 रन बना के ऑल आउट हो गइल। जवाब में भारत 5 विकेट के नुकसान के 19.4 ओवर में लक्ष्य हासिल कईलस।


  हार्दिक पंड्या भारत के जीत के सबसे बड़ नायक साबित भईले।  गेंदबाजी में चमत्कार करत ऊ तीन गो विकेट भी ले लिहले। भारत खातिर भुवी चार गो विकेट लिहलन जबकि हार्दिक पाण्ड्या तीन गो, आर्षदीप सिंह दू गो आ आवेश खान एक विकेट लिहलन। दुसरका पारी में भारतीय टीम जीत खातिर 148 रन के लक्ष्य 5 गो विकेट बाकी रहते हासिल कइलस। एह रोमांचक मैच में बहुते उतार चढ़ाव भइल बाकिर आखिरकार टीम इंडिया एह मैच के जीत के एशिया कप 2022 के बढ़िया तरीका से शुरुआत कइलस। जब भारत के जीते खातिर 6 रन के जरुरत रहे त हार्दिक पाण्ड्या छक्का मार के टीम के जीत दिअवले। अउर उनका (हार्दिक पंड्या) के उनकरा ऑल राउंड प्रर्दशन खातिर मैन ऑफ द मैच दिहल गइल।

Post a Comment

0 Comments