विज्ञापन

गोरखपुर : इलेक्ट्रिक स्कूटर के शो रूम में लागल शार्ट सर्किट से आग, 40 गो स्कूटर जरीक़े राख।

गोरखपुर : इलेक्ट्रिक स्कूटर के शो रूम में लागल शार्ट सर्किट से आग, 40 गो स्कूटर जरीक़े राख।

रिपोर्ट : आर्यन विश्वकर्मा

गोरखपुर के मेडिकल कालेज रोड स्थित इलेक्ट्रिक स्कूटर के शोरूम में रविवार के सांझ शार्ट सर्किट से आग लाग गईल। शोरूम के बाहर बईठल मालिक अउरी कर्मचारी आग बुझावे के प्रयास कइले लेकिन असफल रहले। फायर ब्रिगेड के तीन गाड़ी एक घंटे के कड़ा मशक्कत के बाद आग पर काबू पावल गईल। आग की चपेट में अइला से शोरूम में रखल 33 इलेक्ट्रिक स्कूटर, एसेसरीज, पांच लाख नकदी, लैपटाप अउरी दुगो मोबाइल फोन जल गइल। फायर ब्रिगेड के टीम नुकसान के आकलन कर रहल बिया।

जानकारी के मुताबिक महराजगंज जिला के कोल्हुई निवासी विनीत सिंह मेडिकल कालेज के सामने परिवार के साथ रहेले। राधिका काम्लेक्स के प्रथम तल पर उनकर यश आटो मोबाइल के नाम से इलेक्ट्रिक स्कूटर के शोरूम बा। रविवार के शाम चार बजे विनीत अपना कर्मचारिन के साथ धनतेरस अउरी दीवाली पर होखे वाली बुकिंग के तैयारी करत रहले। एहि दौरान शोरूम से निकल रहल धुंआ पर नजर पड़ल। दौड़त अंदर गइले त कर्मचारी बतावले कि वाटर कूलर के पास शार्ट सर्किट से आग लागल बा। जानकारी होखला पर विनीत सिंह अग्निशमन यंत्र लेके पहुंचले लेकिन तब तक पूरा शोरूम में धुंआ भर गइल।

कर्मचारी के फोन से उ डायल 112 पर फोन कइले। कुछ ही देर में पूरा शोरूम आग के चपेट में आ गइल।अंदर रखल 45 लाख रुपये कीमत के 33 इलेक्ट्रिक स्कूटर के अलावा कैश बाक्स में रखल पांच लाख रुपया, मोबाइल फोन अउरी लैपटाप जलके राख हो गइल। मुख्य अग्निशमन अधिकारी डीके सिंह के अनुसार राधिका काम्प्लेक्स के पांच दुकानन में विनीत सिंह इलेक्ट्रिक स्कूटर के शोरूम खोलले रहले।दुकान मालिक के आग लगला से भईल नुकसान के आकलन कइल जा रहल बा।

Post a Comment

0 Comments