विज्ञापन

गोरखपुर : जिला में DM के बड़ करवाई, गैंगस्टर के आरोपी डॉक्टर दंपति के 60 करोड़ से अधिक के सम्पति कुर्क।

गोरखपुर : जिला में DM के बड़ करवाई, गैंगस्टर के आरोपी डॉक्टर दंपति के 60 करोड़ से अधिक के सम्पति कुर्क।

रिपोर्ट : आर्यन विश्वकर्मा

जिला के डीएम गैंगस्टर  के आरोपी डॉ. अभिषेक अउरी उनकर पत्नी बहन के 60 करोड़ से अधिक के संपत्ति के कुर्क करेके आदेश दिहले बाड़े। डॉ. अभिषेक उनकर पत्नी समेत सात लोगन के खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के मुकदमा दर्ज बा।

बिना मान्यता के नर्सिंग कालेज में छात्रन के प्रवेश लेके जालसाजी करेके के आरोपित डॉ. अभिषेक यादव के राज नर्सिंग होम के शुक्रवार के सुबह तिवारीपुर थाना पुलिस अउरी तहसील के टीम कुर्क कर दिहलस। तीन दिन पहीले जिलाधिकारी कृष्णा करुणेश  गैंगस्टर के आरोपित डॉक्टर, उनकर पत्नी अउरी बहीन के 60 करोड़ से अधिक के चल-अचल संपत्ति के कुर्क करे के आदेश दिहले रहले। गैंगस्टर एक्ट में संपत्ति कुर्क करेके जिला के ई सबसे बड़ कार्रवाई बा।




Post a Comment

0 Comments