विज्ञापन

गोरखपुर विश्वविद्यालय में भईल पत्रकारिता परिषद के गठन, आराधना अध्यक्ष त हिमांशु उपाध्यक्ष अउरी आर्यन बनले महासचिव।

गोरखपुर विश्वविद्यालय में भईल पत्रकारिता परिषद के गठन, आराधना अध्यक्ष त हिमांशु उपाध्यक्ष अउरी आर्यन बनले महासचिव।

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के अंतर्गत चले वाला पत्रकारिता विभाग में आजु 2 दिसंबर के पत्रकारिता परिषद के गठन कइल गईल। एह पत्रकारिता परिषद के गठन 3 वर्षीय बीएजेएमसी अउरी 2 वर्षीय एमएजेएमसी के मिलाके कइल गइल।

परिषद में एगो अध्यक्ष, 2 उपाध्यक्ष, एगो महासचिव अउरी एगो कोषाध्यक्ष के पद के सृजन कइल गइल। परिषद में ई तय कइल गइल कि अध्यक्ष एमए जेएमसी से अउरी 1-1 उपाध्यक्ष दुनों पाठ्यक्रमन से होंइहें। कोषाध्यक्ष अउरी महासचिव के पद अनारक्षित होंई एकरा ख़ातिर केहू भी आपन प्रत्याशिता पेश कर सकत बा।


पहीलका बार गठित भईल एह परिषद में दुनों पाठ्यक्रमन के छात्र बढ़ चढ़के हिस्सा लिहले। अध्यक्ष पद ख़ातिर 4 अउरी अन्य 4 पदों ख़ातिर दु-दुगो प्रत्याशि आपन दावेदारी पेश कइल लोग।

सभ छात्र वोटिंग के माध्यम से चुनाव कइले जवना में अध्यक्ष पद के चुनाव टाई हो गइल, जवना के फैसला टॉस उछाल के कइल गइल अउरी आराधना पाठक अध्यक्ष चुनी गईली। एकरा अलावा हिमांशु पांडेय उपाध्यक्ष, बलवंत उपाध्यक्ष, रानू यादव कोषाध्यक्ष, आर्यन विश्वकर्मा महासचिव चुनल गइले।

अब एकन लोगन पर पत्रकारिता परिषद से जुड़ल सभ कार्यक्रमन के रूपरेखा तय करे अउरी ओकरा के संचालित करेके जिम्मेदारी होई।

Post a Comment

0 Comments