विज्ञापन

गोरखपुर में आयोजित भईल देश के सबसे बड़ ड्रोन शो, आसमान में लउकल अदभुत नजारा।

गोरखपुर में आयोजित भईल देश के सबसे बड़ ड्रोन शो, आसमान में लउकल अदभुत नजारा।

रिपोर्ट : आर्यन विश्वकर्मा

आजादी के अमृत महोत्सव के अंतर्गत हो रहल आयोजनन के श्रृंखला में अउरी काकोरी बलिदान दिवस के अवसर पर आजु गोरखपुर के महंत दिग्विजयनाथ स्मृति पार्क में देश के सबसे बड़ ड्रोन शो के आयोजन कइल गइल। देश के एह सबसे बड़ ड्रोन शो के साक्षी बने ख़ातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ स्वयं मौजूद रहले। 750 ड्रोन के रंग-बिरंगी रोशनी से आसमान जगमगा उठल। 45 मिनट तक राम मंदिर, शहीद भगत सिंह, राम प्रसाद बिस्मिल अउरी संसद भवन के अद्भुत नजारा 2 किमी दूर तक लउकल। 'भारत माता की जय' अउरी तालीन के गड़गड़ाहट से आकाश गूंज उठल। युवा लोगन के साथ ही बुजुर्गन में भी उत्साह लउकल। आजादी के आंदोलन में ऐतिहासिक काकोरी ट्रेन कांड के अमर सेनानी लोगन के याद में होखे वाला एह कार्यक्रम में प्रदेश सरकार के पर्यटन अउरी संस्कृति मंत्री जयवीर सिंह भी सम्मिलित भइनी। ड्रोन शो देखे ख़ातिर 50 हजार से ज्यादा लोग महंत दिग्विजयनाथ पार्क में पहुंचल रहले लेकिन भीड़ ज्यादा होखला पर उनकरा लोगन के बाहर ही रोक दिहल गइल रहे, अइसना में उ लोग बाहर से नजारा देखले।



Post a Comment

0 Comments