विज्ञापन

गोरखपुर : भारत रत्न आ पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जयंती के अवसर पर निशुल्क जांच शिविर के आयोजन।

गोरखपुर : भारत रत्न आ पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जयंती के अवसर पर निशुल्क जांच शिविर के आयोजन।


 भारत रत्न आ पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी जी के जयंती के मौका पर ईश्वर बृज फाउंडेशन आ श्यामा राजेन्द्र कलेक्शन सेंटर के संयुक्त तत्वावधान में अतवार का दिने पाथकाइंड लैब कुडाघाट के कैलाशपुरम में निःशुल्क परीक्षण शिविर के आयोजन कइलसि.


 एह दौरान भारी संख्या में लोग रजिस्ट्रेशन करा के अलग-अलग प्रकार के खून के जांच के फायदा उठवले।  जवना में डायबिटीज अवुरी थाइरॉइड के जांच करावे वाला लोग के संख्या अधिकतम रहे।  ईश्वर बृज फाउंडेशन संस्था के मुख्य संरक्षक बृजेश्वरमणि त्रिपाठी कहले कि नियमित स्वास्थ्य जांच से अयीसन बहुत बेमारी के समय प पता लगावे में मदद मिलेला जवन कि बाद में गंभीर रूप ना लेवेले, बालुक जानलेवा साबित होखेले।  एकरा के ध्यान में राखत एह मुफ्त जांच शिविर के आयोजन एह से कइल गइल कि अधिका से अधिका लोग एकर फायदा उठा सको।

 निःशुल्क जांच शिविर के दौरान बिमलावती त्रिपाठी, गौरव मणि त्रिपाठी, एकता त्रिपाठी, सुधीर कुमार मिश्र, अनुराग रंजन, शिवांगी पाठक, मिनी उपाध्याय आदि कई लोग मौजूद रहे।  एह चेकअप शिविर के सुचारू रूप से चलावे में श्यामा राजेन्द्र कलेक्शन सेंटर के मालिक सूरज तिवारी, विकास आ शिवांगी के अहम भूमिका रहल।

Post a Comment

0 Comments