विज्ञापन

गोरखपुर के माउंटेनियर नीतीश सिंह अफ्रीका के 5वीं सबसे ऊंच चोटी माउंटेन मेरु पर फहरवले तिरंगा।

गोरखपुर के माउंटेनियर नीतीश सिंह अफ्रीका के 5वीं सबसे ऊंच चोटी माउंटेन मेरु पर फहरवले तिरंगा।

रिपोर्ट - आर्यन विश्वकर्मा

गोरखपुर के गोरखनाथ इलाका के राजेंद्र नगर पश्चिमी निवासी अंतर्राष्ट्रीय पर्वतारोही नीतीश सिंह अफ्रीका के 5वीं सबसे ऊंच चोटी "माउंटेन मेरु" के फतह कई लिहले बाड़े। उ न्यू ईयर 2023 पर एह चोटी पर देश के तिरंगा फहरवले। अफ्रीका के एह चोटी के फतह करे में नी​तीश के तीन दिन के वक्त लागल। एह कामयाबी के बाद उ एक बार फेर गोरखपुर के नाम पूरा देश में रोशन कइले। नीतीश सिंह 27 दिसंबर के अफ्रीका के माउंटेन मेरु पर चढ़ाई शुरू कइले रहले जहां 14 किलोमीटर जाके शाम के 5:30 बजे उ अपना बेस कैंप पर पहुंचले। अगीला दिन नीतीश सुबह 8 बजे फेर अपना सेकेंड कैंप ख़ातिर चढ़ाई शुरू कइले। जहां दोपहर 12:30 बजे 3500 मीटर के ऊंचाई तय कई अपना सेकेंड बेस कैंप पर पहुंच गइले। हालांकि एह दौरान नीतीश के सामना तेज तूफानी हवा से भी भईल, लेकिन नीतीश ना रुकले अउरी अपना मंजिल के हासिल कईले।

नीतीश के एह उपलब्धि पर गोरखपुर सांसद रवि किशन सहित तमाम गणमान्य लोगन के बधाई आवे लागल।

Post a Comment

0 Comments