विज्ञापन

गोरखपुर : चौरीचौरा में गुब्बारा में गैस भरत वक्त सिलिंडर फाटल, एक के मौत, दु गो युवक भी घायल।

गोरखपुर : चौरीचौरा में गुब्बारा में गैस भरत वक्त सिलिंडर फाटल, एक के मौत, दु गो युवक भी घायल।

रिपोर्ट - आर्यन विश्वकर्मा

गोरखपुर के चौरीचौरा इलाका के फुटहवाईनार चौराहे पर आजु सुबह 9 बजे के करीब गुब्बारन में गैस भरत वक्त सिलिंडर अचानक से फट गइल जवना से गुब्बारा बेच रहल चौरीचौरा के विशुनपुरा बाबू निवासी श्रीकिशुन गुप्ता के मौत हो गइल जबकि पास में खड़ा दिलीप शर्मा (25) अउरी एगो अन्य अज्ञात युवक भी घायल हो गइले। दिलीप शर्मा के आंख फ़ाटके बाहर आ गईल। घटना के बाद सिलिंडर के धमाका से पूरा इलाका में अफरा तफरी मच गईल। घटना के सूचना पर पुलिस भी मौका पर पहुंच गईल। पुलिस शव के पोस्टमार्टम ख़ातिर भेज दिहलस। साथ ही घायल लोगन के इलाज ख़ातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। सिलिंडर फटला के पीछे ओहमें सस्ता के चक्कर में नकली गैस भरल जाये के वजह सामने आईल बा। फिलहाल पुलिस मामला के जांच में जुट गइल बिया।

Post a Comment

0 Comments