विज्ञापन

गोरखपुर : टैंकर के चपेट में आके बाइक सवार युवक के मौत।

गोरखपुर : टैंकर के चपेट में आके बाइक सवार युवक के मौत।


रिपोर्ट - आर्यन विश्वकर्मा

जिला के चिलुआतल थाना क्षेत्र के कोइलहवा का लगे आजु दुपहरिया २ बजे के आसपास टैंकर से टक्कर मार के बाइक सवार एगो युवक के दुखद मौत हो गइल। सूचना प पहुंचल पुलिस युवक के परिवार के लोग के मोबाइल के माध्यम से जानकारी देलस।  मौत के खबर से परिवार में कोहराम मच गईल।


 महाराजगंज जिला के फरेंदा थाना क्षेत्र के डंडवार बुजुर्ग गांव निवासी अनिल कुमार के बेटा रामहराख (35) गोरखपुर में काम करत रहले, आज दुपहरिया में उ खजांची चौराहा से बरगदवा के ओर बाइक से जात रहले।  राह में चिलुआतल थाना क्षेत्र के कोइलहवा के पास टैंकर टकरा गईल।  टैंकर से टकरा के बाइक सवार के जगहे प मौत हो गईल।  दुर्घटना के बाद टैंकर सवार गाड़ी के संगे फरार हो गईल।  स्थानीय लोग के जानकारी प चिलुवातल थाना के पुलिस मौका प पहुंचल।  पुलिस उनुका संगे मिलल मोबाइल फोन के माध्यम से उनुका परिवार के लोग के जानकारी देलस।  पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खाती भेज देले बिया।

Post a Comment

0 Comments