विज्ञापन

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग में "सामाजिक विकास में संप्रेषण की भूमिका" विषय पर व्याख्यान के भईल आयोजन।

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग में "सामाजिक विकास में संप्रेषण की भूमिका" विषय पर व्याख्यान के भईल आयोजन।


दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिन्दी अउरी आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग द्वारा मीडिया संवाद श्रृंखला के अंतर्गत "सामाजिक विकास में संप्रेषण की भूमिका" विषय पर आजु एगो व्याख्यान के आयोजन कइल गइल। एह व्याख्यान के मुख्य वक्ता अउरी मुख्य अतिथि के रूप में उपस्थित काशी हिंदू विश्विद्यालय के जनसंपर्क अधिकारी डॉ. राजेश सिंह जी सोमार के सरस्वती के चित्र पर माल्यार्पण कईके व्याख्यान के शुभारंभ कइनी अउरी उ छात्रन द्वारा गठित पत्रकार परिषद् के पदाधिकारीन के परिचय प्राप्त कई उनकरा लोगन के सम्मानित भी कइनी। अपना संबोधन के दौरान उहाँ का कहनी कि कवनो भी विश्विद्यालय में पहीला बार पत्रकारिता परिषद के गठन भईल जवन सराहनीय बा। उहाँ का कहनी कि हमहूँ एहि विश्विद्यालय के विद्यार्थी बानी अउरी हम आज भी अपना आप के विद्यार्थी के ही रूप में देख रहल बानी। हमरा पत्रकारिता पर गर्व बा। इहे पत्रकारिता एशिया के सबसे बड़ आवासीय विश्वविद्यालय के जनसंपर्क अधिकारी बनवलस,पत्रकारिता कवनो नौकरी ना बाकिर उ एगो मिशन बा। हिंदी विभाग के आचार्य प्रो.अनिल राय कहले कि आज हम एह ऐतिहासिक क्षण के साक्षी बन रहल बानी। पत्रकारिता के क्षेत्र में आपार संभावना बा। हिंदी विभाग के विभागाध्यक्ष प्रो.दीपक प्रकाश त्यागी कहले कि मीडिया के क्षेत्र बेहद ही चुनौतीन से भरल बा।पत्रकारिता के क्षेत्र खाली रोजगार के अवसर ही ना प्रदान करेला बल्कि ई सेवा के भी माध्यम बा। कार्यक्रम में मंच संचालन प्रो राम नरेश राम अउरी आभार ज्ञापन रजनीश चतुर्वेदी जी कइनी। एह अवसर पर प्रो राजेश मल्ल, प्रो अभिषेक शुक्ल, प्रो अखिल मिश्र अउरी पत्रकार परिषद् के पदाधिकारीन सहित सभ शिक्षार्थी उपस्थित रहले।

Post a Comment

0 Comments