विज्ञापन

गोरखपुर : युवा लोगन में अपना संस्कृति के बारे में जागरूकता ले आवे ख़ातिर भारतीय सांस्कृतिक निधि ( INTACH ) के गोरखपुर अध्याय आयोजित कईलस निबंध अउरी पोस्टर प्रतियोगिता।

गोरखपुर : युवा लोगन में अपना संस्कृति के बारे में जागरूकता ले आवे ख़ातिर भारतीय सांस्कृतिक निधि ( INTACH ) के गोरखपुर अध्याय आयोजित कईलस निबंध अउरी पोस्टर प्रतियोगिता।

भारतीय सांस्कृतिक निधि ( INTACH ) के गोरखपुर अध्याय के द्वारा आजु एम जी इंटर कॉलेज में  "ख़ाना खजाना" जवन की एगो एह क्षेत्र के ख़ान पान के प्रति जागरूकता ख़ातिर आयोजित एगो निबंध अउरी पोस्टर प्रतियोगिता ज़िला स्तर पर आयोजित कइल गईल। इस प्रतियोगिता में जीते वाला प्रतिभागी मण्डलीय प्रतियोगिता अउरी राष्ट्रीय प्रतियोगिता में भाग लीहें। 

INTACH द्वारा अइसन आयोजन के करेके उदेश्य , युवा लोगन में अपना संस्कृति के बारे में जागरूकता लेआवल बा। इस प्रतियोगिता में मुख्य अतिथि के रूप में दीनदयाल उपाध्याय  विश्वविद्यालय के गृह विज्ञान के विभागाध्यक्ष डॉक्टर दिव्य रानी सिंह  प्रतिभागी लोगन के हमनीके क्षेत्रीय पकवानन के विशेषता अउरी पोषणीयता के बारे में विस्तृत जानकारी दीहनी। साथ ही बच्चन से निवेदन कइनी कि उ हमनी के पारम्परिक व्यंजनन के गुणन के जानसु लोग अउरी उनकर सेवन करसु लोग। उहाँ का हमनी के जीवन तथा जीवन शैली में एकर उपयोगिता सरल भाषा में बतावनी।

कार्यक्रम के मुख्य अतिथि के कनक हरि अग्रवाल जी श्रीमद्भगवद्गीता भेंट कइनी।

एह प्रतियोगिता में  विजय चौक स्थित एस एस एकेडमी,  रेंपस, एम जी इंटर कॉलेज सहित १० स्कूलों के १०० गो बच्चा भाग लिहले अउरी विभिन्न प्रकार के व्यंजनन पे निबंध अउरी पोस्टर बनवले।

कार्यक्रम में INTACH गोरखपुर अध्याय के संयोजक इंजीनियर महाबीर प्रसाद कंडोई, सह संयोजक डॉक्टर मुमताज़ ख़ान, अचिंत्य लाहिड़ी, कनक हरि अग्रवाल, मालवीय अउरी अन्य लोग उपस्थित रहले।

Post a Comment

0 Comments