विज्ञापन

BhojpurIT अउरी शेलेन्द्र द्विवेदी के एगो ख़ास पहल, अश्लील मुक्त भोजपुरी गायक कलाकार लोगन खातिर एगो खास मंच।

 


BhojpurIT अउरी शेलेन्द्र द्विवेदी के एगो ख़ास पहल, अश्लील मुक्त भोजपुरी गायक कलाकार लोगन खातिर एगो खास मंच।


BhojpurIT चैनल से धमाल मचा देबे वाले सिंगापुर में रहे वाला भोजपुरी माटी के लाल शैलेन्द्र द्विवेदी अउरी उनकर टीम मिलके श्लील भोजपुरी के  प्रसार खातिर एगो अउरी यूट्यूब चैनल लांच कईले।

एह चैनल के ख़ास बात ई बा कि एहमें भोजपुरी के नवोदित अउरी स्थापित कलाकार भी जे श्लील भोजपुरी के प्रसार खातिर दिन रात एक काईले बा उनकरा लोगन के इ मंच भोजपुरी में कुछ नया आ रचनात्मक करके मौका दिही।

एहि कड़ी में BhojourIT Stage चैनल के पहिला प्रोजेक्ट "कहवाँ गईल लरिकाइया" लॉंच हो गइल बा। एकर आवाज देले बानी सुरभी कश्यप जी, संगीत देले बानी सुशांत अस्थाना जी अउरी गीत लिखले बानी लक्ष्मण शाहाबादी जी।

ई गीत के अनप्लगड वर्जन काफी कर्ण प्रिय बा, ता जाई अउरी BhojourIT Stage के यूट्यूब चैनल देखी अउरी शेयर करीं।

बाकिर BhojourIT के बारे में बता दिहल चाहतानी कि एकर  शुरुआत शैलेन्द्र द्विवेदी जी जवन सिंगापुर रहके IT सेक्टर से जुड़ल बानी, कईले बानी अउरी एह मूल चैनल पर भी काफी कर्णप्रिय गाना आईल बाड़े स जवन काफी धमाल मचवले बाड़े स। सभ गाना पर लगभग मिलिनयन्स व्यू  तक आईल बा।

Post a Comment

0 Comments