विज्ञापन

इतिहास में पहीला बार रवि किशन के फिलीम महादेव के गोरखपुर अब 29 मार्च से भारत के साथ-साथ अमेरिका में भी रिलीज हो रहल बिया



इतिहास में पहीला बार रवि किशन के फिलीम महादेव के गोरखपुर अब 29 मार्च से भारत के साथ-साथ अमेरिका में भी रिलीज हो रहल बिया।


       भोजपुरी, हिंदी, तमिल, तेलुगु और कन्नड़ भाषा में बनल मल्टीलैंग्वेज फिल्म महादेव का गोरखपुर के रीलीजिंग की घोषणा हो गईल बा। मेगास्टार रवि किशन अभिनीत ई फ़िल्म आगामी 29 मार्च से एकसाथ देश विदेश में प्रदर्शन के पूरा तरीका से तैयार बा । अइसन पहीला बार भईल बा कि मुख्यरूप से भोजपुरी में बनल कवनों फिल्म के अतना बड़ व्यापक रूप में पैन इंडिया के साथ साथ विदेश में भी रिलीज करेके की तैयारी हो रहल बा। अभी हाल फिलहाल इ फ़िल्म के बिहार में 72 , उत्तरप्रदेश में 52, पश्चिम बंगाल और आसाम के 23 थियेटर में सिनेपोलिस द्वारा रिलीज कइल जा रहल बा, एह फ़िल्म के लोकप्रियता के देखत फिल्मी क्रिटिक्स लोग कहता कि अपना रीलीजिंग के समय तक ई फ़िल्म सम्भवतः 500 थियेटर में रिलीज हो सकेला, जवना के प्लानिंग सिनेपोलिस द्वारा बड़ पैमाने पर कइल जा रहल बा।रउवा सभ एह दुनिया में पर्दा पर भगवान के भक्त त बहुत देखले होखब लेकिन असल ज़िन्दगी में कवनों भी पब्लिक प्लेटफॉर्म पर सरेआम खड़ा होके हर हर महादेव के उद्घोष करे वाले स्टार खाली इकलौता रवि किशन ही बाड़े । रवि किशन फ़िल्म जगत से लेके संसद भवन तक मे हर जगह अपना आराध्य के याद करत जय जयकार करत रहेले। ओही शिवभक्त मेगास्टार रवि किशन के एगो बहुप्रतीक्षित फ़िल्म महादेव के गोरखपुर अब थियेटर में व्यापक रूप से प्रदर्शित होखे जा रहल बिया । आगामी लोकसभा चुनाव में महादेव भक्त रवि किशन एह बार पुनः गोरखपुर संसदीय क्षेत्र से चुनाव मैदान में भी बाड़े। एह फ़िल्म के बारे में बात करत रवि किशन जी बतवले कि गोरखपुर वास्तव में शिव जी के ही नगरी ह अउर एह फ़िल्म में महादेव प्रभु के जवना तरह से भक्ति स्तुति कइल गईल बा उ अवर्णनीय बा। फ़िल्म के पूरा शूटिंग गोरखपुर अउर आसपास के लोकेशन पर ही कइल गईल बा । जवना में महादेव का गोरखपुर के प्रति आस्था भी बखूबी दिकखावल गईल बा। महादेव का गोरखपुर एगो बेहद ही शानदार फ़िल्म बनल बिया अउर एहमें दर्शकों के भरपूर आनंद भी मिली। ऐसा पहिला बार ही हो रहल बा कि कवनों भोजपुरी फ़िल्म के रीलीजिंग खातिर अतना बड़ बैनर सिनेपोलिस सामने आइल बा। एकरा के एगो सकारात्मक संदेश अउरी बेहतरीन पहल के रूप में भविष्य में देखल जाइ। 

                             रवि किशन जी के होम प्रोडक्शन रवि किशन प्रोडक्शन्स अउरी वाया फिल्म्स के बैनर तले बनल फिल्म महादेव के गोरखपुर के लेखक बाड़े साई नारायण जिनकर लिखल फ़िल्म के निर्देशन कईले दक्षिण भारतीय फिल्म के मशहूर निर्देशक राजेश मोहनन जी। सिनेपोलिस द्वारा रिलीज कइल जा रहल एह फ़िल्म के सेटेलाईट राइट्स जी टीवी नेटवर्क पहीले ही खरीद लिहले बा । रवि किशन अभी संसद के साथ साथ फिल्मी बाजार में भी हॉट केक बनल बाड़े, अभी हाल फिलहाल उनकर कुछ प्रदर्शित फिल्म/वेबसिरिज तहलका मचावले बा। अभी उनकरा अभिनय में आमिर खान प्रोडक्शन के फ़िल्म लापता लेडीज अउर नेटफ्लिक्स पर रिलीज वेबसिरिज मामला लीगल है, पब्लिक में जमके सुर्खियां बटोरत बा । दुनों ही फिल्म में रवि किशन के काम के जमके तारीफ पब्लिक और फिल्मी क्रिटिक्स कइल लोग ।  महादेव का गोरखपुर फ़िल्म के निर्माता बाड़े प्रितेश शाह अउर सलिल शंकरन, ओहिजे फ़िल्म के सह निर्माता बाड़े अरविंद सिंह, अमरजीत दहिया, एक्जीक्यूटिव प्रोड्यूसर शंकर नारायण। एह फ़िल्म के सिनेमेटोग्राफर बाड़े अरविंद सिंह, संगीत निर्देशन कइले अगम अग्रवाल अउरी रंजिम राज जी। एह फ़िल्म के लाइन प्रोड्यूसर बानी अखिलेश राय । अउरी ई जानकारी रवि किशन के निजी पीआरओ संजय भूषण पटियाला जी दिहनी।

Post a Comment

0 Comments