गोरखपुर में भइल “काश्वी आर्ट्स” के बैनर तले बनल फिलिम — “अजब दूल्हा के ग़ज़ब शादी” आ “अजब दूल्हा के ग़ज़ब शादी 2” के शूटिंग पूरा
गोरखपुर शहर में “काश्वी आर्ट्स” के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम “अजब दूल्हा के ग़ज़ब शादी” आ “अजब दूल्हा के ग़ज़ब शादी 2” के शूटिंग सफलतापूर्वक पूरा भइल बा।
ए दुनो फिलिम के निर्माता आ निर्देशक बानीं अनिल उपाध्याय, छायांकन (कैमरा वर्क) देवेन्द्र तिवारी के बा, आ कार्यकारी निर्माता हउवें अखिलेश राय।
फिलिम में मुख्य भूमिका में नजर आईं जा रहल बानीं — जय यादव, ऋचा दीक्षित, प्रीति मौर्या, संजय पांडे, साहब लाल धारी, राज मौर्या, सत्य प्रकाश, निशा तिवारी, प्रियंका सिंह आ अउरी कई गो प्रतिभाशाली कलाकार।
फिलिम के शूटिंग गोरखपुर के सुन्दर लोकेशन नौका विहार, वी. पार्क, राजघाट, कुश्मी जंगल आ अन्य जगहन पर भइल बा।जवना से फिलिम में गोरखपुर के प्राकृतिक खूबसूरती आ लोक संस्कृति के बढ़िया मेल देखे के मिली।
फिलिम के कहानी हास्य, मनोरंजन आ पारिवारिक मूल्य से भरल बा, जे भोजपुरिया दर्शकन के एक नयका स्वाद देई।
निर्माता–निर्देशक अनिल उपाध्याय कहलन —
“गोरखपुर के लोकेशन फिलिम के अलग पहचान दिहलस।ईहाँ के लोगन के सहयोग आ कलाकारन के मेहनत से ई फिलिम बहुत खास बनल बा।”
अब फिलिम के पोस्ट-प्रोडक्शन के काम जल्दी शुरू होखे वाला बा, आ दुनो फिलिम जल्दिए दर्शकन के बीच रिलीज़ होखी।
0 Comments