विज्ञापन

Ballia: Bhojpuri News- बलिया में गूंजल जयघोष! महर्षि भृगु मंदिर कॉरिडोर के भूमिपूजन संपन्न, संत-महात्मा के आशीर्वाद से भइल शुभ शुरुआत।

बलिया में गूंजल जयघोष! महर्षि भृगु मंदिर कॉरिडोर के भूमिपूजन संपन्न, संत-महात्मा के आशीर्वाद से भइल शुभ शुरुआत।

फोटो/खबर - दयाशंकर सिंह जी के फेसबुक पेज 


बलिया। लंबा इंतजार के बाद आखिरकार महर्षि भृगु मंदिर कॉरिडोर के निर्माण के दिशा में बड़ा कदम उठ गइल। रविवार के संत-महात्मा के गरिमामयी मौजूदगी, वैदिक मंत्रोच्चार आ धार्मिक उत्साह के बीच कॉरिडोर के भूमिपूजन संपन्न भइल। एह अवसर पर पूरा परिसर जयघोष से गूंज उठल। 🙏



भूमिपूजन कार्यक्रम में परम पूज्य स्वामी हरिहरानंद जी महाराज के सानिध्य आ आशीर्वाद प्राप्त भइल। साथ ही पूर्व सांसद श्री भरत सिंह जी, पूर्व सांसद श्री वीरेंद्र सिंह मस्त जी, पूर्व मंत्री श्री नारद राय जी, पूर्व मंत्री श्री राजधारी सिंह जी, भृगु मंदिर समिति के अध्यक्ष डॉ. शिव कुमार मिश्रा जी, पूर्व जिला अध्यक्ष विनोद शंकर दुबे जी, जयप्रकाश साहू जी आ विजय बहादुर सिंह जी समेत कई सम्मानित लोग मौजूद रहलें।

कार्यक्रम में समस्त सम्मानित ब्लॉक प्रमुखगण, सभासदगण, भाजपा के जिला पदाधिकारीगण, मंडल अध्यक्षगण तथा महर्षि भृगु मंदिर समिति के सम्मानित पदाधिकारी, पूज्य संत-महात्मा एवं सदस्यगण के गरिमामयी उपस्थिति रहल।

एह अवसर पर पूर्व सांसद वीरेंद्र सिंह मस्त परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह के महर्षि भृगु मंदिर कॉरिडोर के भूमिपूजन पर शुभकामना दिहलें। ऊ एह परियोजना के बलिया के धार्मिक आ सांस्कृतिक पहचान से जोड़ल महत्वपूर्ण कदम बतवलें।

संतों के आशीर्वाद आ वैदिक मंत्रोच्चार के बीच भूमिपूजन के साथ अब श्रद्धालु लोग में कॉरिडोर के निर्माण कार्य तेजी से आगे बढ़े के उम्मीद जगल बा। महर्षि भृगु के पावन तपोभूमि के भव्य धार्मिक पर्यटन स्थल के रूप में विकसित करे के दिशा में ई परियोजना महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा।


Post a Comment

0 Comments