विज्ञापन

यार तोहपे कुर्बान’ के मुंबई में भव्य मुहूर्त, गोरखपुर में गूंजे वाला बा एक्शन आ प्यार के कहानी

‘यार तोहपे कुर्बान’ के मुंबई में भव्य मुहूर्त, गोरखपुर में गूंजे वाला बा एक्शन आ प्यार के कहानी




मुंबई में भइल फिल्म के शुभारंभ, आदित्य मोहन आ मेघा श्री फेरु मचइहें धमाल

मुंबई, 21 सितंबर 2026। भोजपुरी सिनेमा के बहुप्रतीक्षित फिल्म ‘यार तोहपे कुर्बान’ के भव्य मुहूर्त मुंबई में पूजा-अर्चना के साथ संपन्न भइल। राघव कला एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत एह फिल्म में आदित्य मोहन आ मेघा श्री के जोड़ी एक बेर फेरु दर्शकन के मनोरंजन करे खातिर तैयार बा।

फिल्म के निर्माता आ लेखक डॉ. ब्रजेन्द्र नारायण आ निर्देशक ब्रज भूषण के देखरेख में बनत एह फिल्म के कहानी में दोस्ती, प्यार, एक्शन आ पारिवारिक ड्रामा के खास मेल देखे के मिली।

निर्देशक ब्रज भूषण बतवलें कि फिल्म के मुहूर्त मुंबई में भइल बा, बाकिर कहानी के असली आत्मा गोरखपुर से जुड़ल बा। एहसे फिल्म के शूटिंग भी गोरखपुर में होई। फिल्म के पहिला शेड्यूल अगिला महीना से शुरू होखे वाला बा।

अभिनेता आदित्य मोहन फिल्म के लेके काफी उत्साहित बाड़ें। उनका मुताबिक, ई फिल्म इमोशन आ एक्शन से भरपूर होई आ दोस्ती के कहानी युवा दर्शकन से खास तौर पर जुड़ी।

फिल्म में आदित्य मोहन आ मेघा श्री के अलावा विशाल त्रिपाठी, तमन्ना, अयाज खान, माया यादव, गिरीश शर्मा, हेमलता सिंह, अशोक महर्षि आ इंद्रसेन यादव अहम भूमिका में नजर आई।

फिल्म के गीत डॉ. रंजू सिन्हा, परमेश्वर प्रेमी आ नियरा राजर्षि लिखले बाड़ें, जबकि संगीत शिशिर पांडेय के बा। फिल्म के शूटिंग गोरखपुर में शुरू होखे के साथे अब दर्शकन के इंतजार बा कि ‘यार तोहपे कुर्बान’ दोस्ती आ प्यार के एह कहानी के पर्दा पर कइसे पेश करेला।


Post a Comment

0 Comments