विज्ञापन

भोजपुरी फिल्म “दर्पण झूठ ना बोले” के शूटिंग बस्ती में 11 अक्टूबर से शुरू होई

भोजपुरी फिल्म “दर्पण झूठ ना बोले” के शूटिंग बस्ती में 11 अक्टूबर से शुरू होई




बस्ती/लखनऊ। शिवांग मल्टी मीडिया नेटवर्क के बैनर तले बनत बहुचर्चित भोजपुरी फिल्म “दर्पण झूठ ना बोले” के भव्य शुभारंभ होखे जा रहल बा। फिल्म के लेखक आ निर्देशक आर. के. शुक्ला बतवले कि फिल्म के छायांकन बस्ती जनपद के प्रमुख ऐतिहासिक आ दर्शनीय जगहन पर 11 अक्टूबर से 25 नवंबर तक कइल जाई।

फिल्म के निर्मात्री श्रीमती कनक शुक्ला बाड़ी, जबकि संगीत सावन कुमार के बा। फिल्म के कार्यकारी निर्माता राकेश देवा पाण्डेय, प्रोडक्शन मैनेजर शेखर यादव, मुख्य सहायक निर्देशक मिलन मन जोशी, सहायक निर्देशक दिनेश त्रिपाठी, सिनेमेटोग्राफी अमिताभ चंद्रा आ आर्ट डायरेक्टर डी. एन. मौर्या बाड़े।

फिल्म में मुख्य भूमिका में संजय पाण्डेय, एहसान खान, अयाज खान, अनिल कृष्ण, रवीना राय, संजना पासवान, अंकिता वर्मा, नेहा सिंह, ज्ञान जी, प्रकाश शर्मा, के. डी. शुक्ला आ राम सिंह नजर अइहें। फिल्म में मेहमान भूमिका में दबंग स्टार संग्राम सिंह पटेल के दमदार अभिनय देखे के मिली।

निर्देशक आर. के. शुक्ला बतवले कि “दर्पण झूठ ना बोले” एगो पारिवारिक, सामाजिक आ रोमांटिक ड्रामा ह। फिल्म के शीर्षक ही एकर कहानी के मूल आधार ह—दर्पण कबो झूठ ना बोलेला। इंसान चाहे जेतना सच छिपावे के कोशिश कर ले, ओकर असली चेहरा आखिरकार सामने आ ही जाला।

फिल्म में बस्ती के माटी के खुशबू आ इहां के संस्कृति के खास तौर पर प्रमुखता से देखावल जाई।

निर्मात्री श्रीमती कनक शुक्ला कहलखिन कि फिल्म में बस्ती के स्थानीय कलाकारन के भी मौका दिहल जा रहल बा। साथ ही, पूरा फिल्म के शूटिंग बस्ती में ही होखे से इहां के पर्यटन के बढ़ावा मिले के उम्मीद बा।


Post a Comment

0 Comments