गोरखनाथ मंदिर में योगी आदित्यनाथ जी कइनी 251 कन्या-बटुकन के पांव पूजन, अपना हाथे से करववनी भोजन।
नवमी पर गोरखनाथ मंदिर में दिखल श्रद्धा आ भक्ति के अद्भुत नजारा, कन्या लोग के पांव पखार के लिहनी आशीर्वाद
गोरखपुर। शारदीय नवरात्र के नवमी तिथि पर सोमवार के गोरखनाथ मंदिर में श्रद्धा आ भक्ति के खास नजारा देखे के मिलल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ विधि-विधान से कन्या पूजन कइनी। एह दौरान ऊ कन्या लोग आ बटुकन के पांव पखार के पूजा-अर्चना कइनी आ उनकर आशीर्वाद लिहनी। एकरा बाद 251 कन्या आ बटुकन के श्रद्धापूर्वक भोजन करावल गइल।
गोरखनाथ मंदिर परिसर में धार्मिक अनुष्ठान आ पारंपरिक रीति-रिवाजन के बीच कन्या पूजन के कार्यक्रम संपन्न भइल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नवरात्र के नवमी पर मां दुर्गा के स्वरूप मान के कन्या लोग के पूजन कईनी। परंपरा के मुताबिक ऊहाँ का कन्या लोग आ बटुकन के पांव पखारनी, माथ पर तिलक लगवनी आ विधिवत पूजा-अर्चना करके आशीर्वाद लिहनी।
एकरा बाद सभे कन्या आ बटुकन के आदर-सम्मान के साथ भोजन करावल गइल। मुख्यमंत्री पूरा श्रद्धा-भाव से एह धार्मिक परंपरा के निभवनी।मंदिर परिसर में एह मौका पर भक्ति, आस्था आ पारंपरिक संस्कार के माहौल बनल रहल।
नवरात्र में कन्या पूजन के बा खास महत्व
सनातन धर्म में नवरात्र के दौरान कन्या पूजन के विशेष महत्व मानल जाला। धार्मिक मान्यता के अनुसार, कन्या लोग में माता दुर्गा के अलग-अलग स्वरूप के वास होला। नवरात्र के अष्टमी आ नवमी तिथि पर कन्या लोग के पांव पखारे, तिलक लगावे, पूजा करे आ भोजन करावे के परंपरा पुरान समय से चलल आ रहल बा।
एही परंपरा के पालन करत गोरखनाथ मंदिर में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कन्या लोग आ बटुकन के पूजन कइलें आ सभे के भोजन करवनी। एह धार्मिक आयोजन के दौरान मंदिर परिसर में आस्था आ श्रद्धा के माहौल देखे के मिलल।
कन्या-बटुकन के भोजन करा के कइनी मंगल कामना
नवरात्र के नौ दिन माता दुर्गा के आराधना के बाद नवमी पर होखे वाला कन्या पूजन के शक्ति स्वरूपा माता के प्रति श्रद्धा आ सम्मान के प्रतीक मानल जाला। मुख्यमंत्री जी कन्या लोग आ बटुकन के भोजन करावे के साथे उनकर सुखमय आ मंगलमय जीवन के कामना कइनी।
गोरखनाथ मंदिर के धार्मिक परंपरा में नवरात्र के अनुष्ठान के खास जगह बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी लंबे समय से मंदिर के परंपरा से जुड़ल बाड़ें। 251 कन्या आ बटुकन के भोजन करावे के साथ संपन्न भइल एह आयोजन में नवरात्र के धार्मिक महत्व आ पारंपरिक संस्कार के खास रूप से देखे के मिलल।
#गोरखनाथमंदिर #योगीआदित्यनाथ #कन्यापूजन #गोरखपुर #नवरात्रि #BhojpuriNews


0 Comments