सोशल मीडिया पर छा गइल बाड़ी छठी मइया, एक्स से इंस्टाग्राम तक गूंज रहल जयकारा; महुआ नेटवर्क के नया छठ गीत ‘ट्रेंडिंग में बाड़ी छठी मइया’ रिलीज
परंपरा आ डिजिटल दौर के अनोखा संगम, गीतकार मनोज भावुक नई पीढ़ी के अंदाज में पेश कइलें छठी मइया के महिमा
भोजपुरी न्यूज डेस्क। छठ महापर्व के रौनक अब सोशल मीडिया पर भी खूब देखे के मिल रहल बा। लोकआस्था आ डिजिटल दौर के एह खूबसूरत संगम के बीच महुआ नेटवर्क अपना नया छठ गीत ‘ट्रेंडिंग में बाड़ी छठी मइया’ रिलीज कइले बा। भोजपुरी के चर्चित गीतकार मनोज भावुक एह गीत में छठ के परंपरा, श्रद्धा आ नई पीढ़ी के सोशल मीडिया वाली भाषा के बेहद रोचक अंदाज में जोड़ले बाड़ें।
गीत के मुखड़ा बा- ‘ट्रेंडिंग में बाड़ी छठी मइया, एक्स पर होता जय-जयकार, इंस्टा पर रीले रील बाटे, सगरो उनके दरबार।’ एह पंक्तियन के जरिए आज के डिजिटल दौर में छठ महापर्व के बढ़त लोकप्रियता के नया अंदाज में पेश कइल गइल बा।
गीत में छठ पूजा के तैयारी से लेके पूजा-पाठ आ अर्घ्य देवे तक के परंपरा के सोशल मीडिया के अलग-अलग फीचर से जोड़ल गइल बा। केहू अपना डीपी में घाट के तस्वीर लगावत बा, त केहू स्टेटस पर अर्घ्य के फोटो साझा करत बा। सूप, दउरा आ नारियल के तस्वीर पर हजारों लाइक मिल रहल बा।
गीत के एगो दिलचस्प लाइन बा- ‘ना कोई फिल्टर, ना ही एडिटिंग, नेचुरल ग्लो चेहरा पर।’ एह पंक्ति के माध्यम से छठी मइया के कृपा आ आस्था से जुड़ल वास्तविक सुंदरता के दर्शावल गइल बा।
गीत के सबसे खास संदेश नई पीढ़ी खातिर बा। एकर पंक्ति- ‘ना कोई अनफॉलो, ना कोई ब्लॉक, सबका से जुड़ल रहे कनेक्शन। जनरेशन नेक्स्ट के एके मैसेज, छठ हमनी के ह इमोशन।’ के जरिए बतावल गइल बा कि ऑनलाइन दुनिया भले तेजी से बदलत होखे, बाकिर छठ हमनी के सांस्कृतिक पहचान आ भावनात्मक जुड़ाव के महापर्व ह।
गीतकार मनोज भावुक आधुनिक शब्दावली आ सहज भोजपुरी के माध्यम से छठ के नई पीढ़ी से जोड़े के कोशिश कइले बाड़ें। सोशल मीडिया के दौर में एह गीत के अनोखा कॉन्सेप्ट, चुटीला बोल आ समसामयिक अंदाज एकरा के खास बना रहल बा।
गीत के संपादन उदय राठौर कइले बाड़ें। एकर कार्यकारी निर्माता अमित राज आ आरोही कौशिक बाड़ें, जबकि निर्माता अविनाश राज आ राघवेश अस्थाना बाड़ें। ई गीत महुआ नेटवर्क के प्रस्तुति ह।
गीत सुने खातिर एह लिंक पर क्लिक करीं:
https://youtu.be/TL_gsXBlLQM

0 Comments